Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Redmi Note 12 Pro plus: रेडमी ला रहल बा दुनिया के पहीला 210W चार्जिंग वाला फोन, 10 मिनट में हो जाई फुल चार्ज

2,734

रेडमी ने दुनिया के पहिला 210W सबसे फास्ट चार्जिंग वाले फोन Redmi Note 12 Pro+ के लॉन्च करे के तैयारी क लिहले बा।कंपनी आपन नई Redmi Note 12 सीरीज मेंएह फोन के लॉन्च करी। एह सीरीज के तहत Redmi Note 12 अउरी Redmi Note 12 Pro के भी लॉन्च कइल जाई। Redmi Note 12 सीरीज के साल के अंत ले सबसे पहले घरेलू मार्केट में पेश कइल जाई। एकरे बाद एके 2023 के शुरुआत में ग्लोबली पेश कइल जाई। एह सीरीज के लगातार चाइना कंपलसरी सर्टिफिकेशन (3C) डाटाबेस में देखल जा रहल बा।

MySmartPrice के रिपोर्ट के अनुसार Redmi Note 12 सीरीज के प्रो प्लस फोन के 210W फास्ट चार्जिंग सपोर्ट के साथ पेश कइल जाई। अगर अइसन होता, त ई अब ले के सबसे ज्यादा तेजी से चार्ज होखे वाला फोन होई। अभीन मार्केट में 150W फास्ट चार्जिंग वाला स्मार्टफोन उपलब्ध बा।। बता देईं कि 3C डाटाबेस में Redmi Note 12 Pro और Redmi Note 12 Pro Plus फोन के 22101316UCP अउर 22101316UC मॉडल नंबर कर संगे देखल गइल बा।

दावे के अनुसार Redmi Note 12 Pro अउर Redmi Note 12 के क्रमश: 120W अउर 67W फास्ट चार्जिंग से लैस कइल जाई। Redmi Note 12 Pro+ के अन्य फीचर्स के बात कइल जाव त फोन 6.6 इंच के फुल एचडी प्लस एमोलेड डिस्प्ले के साथ पेश कइल जाई, जेमें 120 हर्ट्ज रिफ्रेश रेट मिली। प्रो प्लस मॉडल के संगे 4,300mAh बैटरी अउर प्रो के साथ 4,980mAh बैटरी के सपोर्ट मिली।

उहवें प्रोसेसर के बात कइल जाव त Redmi Note 12 Pro Plus के संगे MediaTek Dimensity 8000 प्रोसेसर के सपोर्ट मिल सकsता। साथ ही Redmi Note 12 Pro के MediaTek Dimensity 1300 से लैस कइल जा सकsता। Redmi Note 12 सीरीज के कैमरा सेटअप के बात कइल जाव त फोन के संगे 50 मेगापिक्सल के प्राइमरी कैमरा सेंसर मिल सकsता।

345990cookie-checkRedmi Note 12 Pro plus: रेडमी ला रहल बा दुनिया के पहीला 210W चार्जिंग वाला फोन, 10 मिनट में हो जाई फुल चार्ज

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.