[the_ad_group id="30365"]

National Education Day: आखिर कब भइल रहे राष्ट्रीय शिक्षा दिवस के घोषणा? जानीं आज के दिन काहें मनावल जाला

Day, National Education Day
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

राष्ट्रीय शिक्षा दिवस : देश में हर साल 11 नवम्बर के राष्ट्रीय शिक्षा दिवस मनावल जाला। एकर मकसद शिक्षा के महत्व के बारे में दुनिया भर में जागरूकता फइलावल बा। देश के पहिला शिक्षा मंत्री के सम्मान में इs दिन मनावल जाला। भारत के पहिला शिक्षा मंत्री मौलाना अबुल कलाम आजाद के जयंती के मौका पs ई दिन आयोजित कइल जाला.

मौलाना अबुल कलाम आजाद के गिनती महान शिक्षाविद आ स्वतंत्रता सेनानी में होला. आईआईटी आ यूजीसी जइसन संस्थानन के स्थापना में उनुकर अहम भूमिका रहल. बता दीं कि मौलाना आजाद के एह अमूल्य योगदान खातिर 1992 में मरणोपरांत भारत के सर्वोच्च नागरिक पुरस्कार भारत रत्न से सम्मानित भी भइल रहे।

राष्ट्रीय शिक्षा दिवस के घोषणा कब भईल? 

अब रउरा सभे सोचत होखब कि एह दिन के एलान कब भइल? तs बता दीं कि भारत सरकार सितंबर 2008 में 11 नवम्बर के राष्ट्रीय शिक्षा दिवस के रूप में घोषित कs देले रहे। देश के शिक्षा व्यवस्था में मौलाना अबुल कलाम आजाद के योगदान के याद में सरकार एह दिन के घोषणा कइले रहे।

मौलाना अबुल कलाम आजाद

मौलाना अबुल कलाम आजाद के जनम 18 नवम्बर 1888 के भइल रहे। उs स्वतंत्रता सेनानी, शिक्षाविद्, विद्वान आ भारतीय राष्ट्रीय कांग्रेस के वरिष्ठ नेता रहले। अखिल भारतीय तकनीकी शिक्षा काउंसिल (एआईसीटीई) आ विश्वविद्यालय अनुदान आयोग (यूजीसी) जइसन शीर्ष शिक्षा संस्थानन में उनुकर अहम भूमिका रहल. मौलाना अबुल कलाम आजाद भारत के शिक्षा प्रणाली के काफी प्रभावित कइलें, एही से ई दिन शिक्षा के एगो मौलिक अधिकार आ सामाजिक प्रगति के रूप में महत्व के याद दिलावत बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]