[the_ad_group id="30365"]

पटना एयरपोर्ट प JDU MLC से मिलल 25.50 लाख कैश: दिनेश सिंह से IT-ED कइलस पूछताछ; 10 दिन में देवे के होई पईसा के हिसाब

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जदयू MLC दिनेश सिंह के मंगर के देर साँझ इनकम टैक्स आ ED के टीम पटना एयरपोर्ट प हिरासत में ले लिहल। उनका लगे से 25.50 लाख कैश बरामद भइल बा। रेवेन्यू अधिकारी सुजाता के देखरेख में पईसा के गिनती कइल गइल। उनका लगे से कुल 25.50 लाख रुपिया मिलल। 3 घंटन के पूछताछ के बाद टीम ने उनका के छोड़ देलस। दिनेश सिंह के 10 दिन के भीतर पईसा के बारे में जानकारी देवे के कहल गइल बा। टीम पईसा से भरल अटैची सील कइले बिया आ अपने संगे ले गइल बिया।

हमरा लगे कुछ ना रहे …पूछताछ भइल बस

दिनेश सिंह पटना एयरपोर्ट से लमसम 3 घंटे बाद बाहर निकलले। दिनेश सिंह कहले कि उनका लगे से कवनो पईसा बरामद नइखे भइल। इनकम टैक्स आ ED के टीम पूछताछ कइलस आ हम पूरा सहजोग कइनी।

दिल्ली से इलाज करा के लवटत रहले दिनेश सिंह

दिनेश सिंह कहले कि ऊ आपन इलाज करवावे गइल रहले। मेदांता अस्पताल में उनकर इलाज चलत रहे। मंगर के ऊ गो एयर के प्लाइट संख्या जी 8-131 से दिल्ली से पटना आवत रहले। साँझ के सवा सात बजे  के करीब जइसही पटना एयरपोर्ट प पहुंचले आयकर के टीम रोक के वीवीाईपी लाउंज में बइठा लेलस । एकरा बाद उनका लगेज के जांच शुरू भइल।

10 दिन में देवे के होई पईसा के हिसाब

आयकर विभाग के टीम पटना एयरपोर्ट से एगो अटैची सील क के बाहर निकलल॥ आयकर विभाग के टीम के अधिकारी लो कुछुओ बोले से इनकार कइल लो। एमएलसी के 10 दिन में एह पईसा के हिसाब देवे के बात कह के छोड़ दिहल गइल।

मुजफ्फरपुर से चउथा बेर MLC बाड़े दिनेश सिंह

दिनेश सिंह मुजफ्फरपुर के रहे वाला हवे। ऊ अपना क्षेत्र के कद्दावर नेता हवे। इनकर पत्नी वीणा देवी लोजपा (पारस गुट) के सांसद हई। ऊ 2019 के लोकसभा चुनाव में लोजपा के टिकट प वैशाली के सांसद बनल रहली।

एही साल दिनेश सिंह लगातार चउथा बेर विधान पार्षद चुनाव में आपन दबदबा कायम रखत जीत दर्ज कइले रहले। ऊ RJD प्रत्याशी आ बाहुबली मानल जाये शंभू सिंह के एकतरफा मुकाबला में भारी अंतर से हरवले रहस। 2003 से उनकर लगातार दबदबा MLC के पद प रहल बा।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]