[the_ad_group id="30365"]

सीबीआई से टेप केस में नीरा राडिया के मिलल क्लीन चिट दी, सुप्रीम कोर्ट के कइल गइल सूचित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीबीआई कॉरपोरेट लॉबिस्ट नीरा राडिया के टेपिंग मामिला में क्लीन चिट दे देहल गइल बा। सीबीआई सुप्रीम कोर्ट के बतवले बा कि पूर्व कॉरपोरेट लॉबिस्ट नीरा राडिया के खिलाफ उनकर राजनेता, वकीलन, पत्रकारन अउर उद्योगपतियन के बीच भइल बातचीत के टेप के सामग्री के जांच में उनके कौनो आपत्तिजनक बात नाइ मिलल बा।

सीबीआई कहलस- कौनो मामला नाइ बनले के कारन प्रारंभिक पूछताछ बंद कs देहल गइल

केंद्रीय जांच ब्यूरो (CBI) कॉरपोरेट लॉबिस्ट नीरा राडिया के 8,000 अलग-अलग टेप बातचीत से संबंधित मामिला में क्लीन चिट देत कहलस कि उ एहसे जुड़ल 14 मामिला में प्रारंभिक जांच कइले रहे लेकिन कौनो मामला नाइ बनले के कारण प्रारंभिक पूछताछ बंद कs देहल गइल।

नीरा राडिया बनाम रतन टाटा मामिला में सुप्रीम कोर्ट में हो रहल बा सुनवाई

जस्टिस डीवाई चंद्रचूड़ के अध्यक्षता वाली सुप्रीम कोर्ट के बेंच नीरा राडिया बनाम रतन टाटा मामिला के सुनवाई कs रहल बा। एह याचिका में 84 वर्षीय उद्योगपति लॉबिस्ट नीरा राडिया अउर टाटा समूह के बॉस सहित अन्य व्यक्तियन के बीच टेलीफोन पर भइल बातचीत के मीडिया आउटलेट्स के ओर से प्रकाशित कइल गइले के बाद अपने निजता के अधिकार के रक्षा के मांग कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]