छपरा में सालन से चल रहल देह व्यापार प फूटल ग्रामीण लोगन के गुस्सा, पिटाई के बाद कइल लो पुलिस के हवाले

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 20, 2022

छपरा जिला के भगवान बाजार थाना क्षेत्र के जयप्रकाश नगर बेलतर के लगे देह व्यापार के धंधा में संलिप्त तीन लोगन के आक्रोशित ग्रामीण पिटाई क दिहले। बतावल जा रहल बा कि इहां सालन से

Share

छपरा जिला के भगवान बाजार थाना क्षेत्र के जयप्रकाश नगर बेलतर के लगे देह व्यापार के धंधा में संलिप्त तीन लोगन के आक्रोशित ग्रामीण पिटाई क दिहले। बतावल जा रहल बा कि इहां सालन से देह व्यापार के धंधा चलत रहे। ममिला में भगवान बाजार पुलिस अतवार के धंधा में संलिप्त लोगन के गिरफ्तार कइलस आ ग्रामीणन द्वारा सोमार के प्राथमिकी दर्ज करावल गइल।

कइयन साल से देह व्यापार के धंधा

देह व्यापार के एह ममिला में बेलतर निवासी नरेंद्र कुमार सिंह प्राथमिकी दर्ज करावत कहले हs कि मोहल्ला के कुछ लोगन द्वारा अपना मकान में कइयन साल से देह व्यापार के धंधा चलावल जात रहे। ही दौरान अतवार के जब एगो महिला आ नगर थाना के साहेबगंज निवासी ईशांत रस्तोगी उहां पहुंचलस त मोहल्ला के लोग ओकर विरोध कइलस आ सब कुछ बंद करे के कहल।

स्थानीय लोग दिहल पुलिस के सूचना

मोहल्ला वालन के विरोध कइला प धंधा करे वाला लोगन द्वारा गाली-गलौज क के कहल गइल कि हमार घर ह आ हमनी के जवन मर्जी होई हमनी के उहे करेम स। एही क्रम में कथित रूप से सेक्स रैकेट चलावे वालन से मोहल्ला वासियन ले झगड़ा बढ़ गइल आ गाली गलौज होखे लागल। जवना के बाद मोहल्ला ले लोगन द्वारा एकर सूचना भगवान बाजार थाना के दिहल गइल।

पुलिस जुवक जुवती के कइलस गिरफ्तार

सूचना पाके मवका प पहुंचल भगवान बाजार थाना के एएसआइ मेराज खान आ थानाध्यक्ष रंजीत कुमार स्थिति के जायजा लिहल लो आ आपत्तिजनक स्थिति में उहां से दुन जुवक-युवती के गिरफ्तार क लिहल लो। ओहिजा मोहल्ला वासियन के शिकायत प प्राथमिकी दर्ज क के ओह लोगन के जेल भेज दिहल गइल। देर सांझ ले सदर डीएसपी मुनेश्वर प्रसाद सिंह ने भगवान बाजार थाना पहुंच के गिरफ्तार लोगन से पूछताछ कइलें।

पुलिस कर रहल बिया छानबीन

मारपीट के बाद से इलाका के माहौल तनावपूर्ण बनल बा। पुलिस लोगन से क्षेत्र में शांति बना के राखे के अपील कइलस। पुलिस एकरा खातिर फ्लैग मार्च कइलस। मारपीट में कइयन लोग घायल भइल बा जेकर अस्पताल में इलाज चल रहल बा, ओहिजा पुलिस ममिला के छानबीन कर रहल बिया।

साभार: प्रभात खबर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.