Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

नरेंद्र मोदी के सोझे हाथ जोड़ल द‍िखलें अरव‍िंद केजरीवाल त कांग्रेस के सुप्र‍िया श्रीनेत कसली तंज- खड़गे के तरह आंख में आंख डार के बात कइल जाला

784

भारत के जी-20 के अध्यक्षता मिलले के बाद सोमवार (5 दिसंबर) के सर्वदलीय बैठक बुलावल गइल रहे। बैठक में विपक्ष के तमाम नेता लोग पीएम मोदी से मुलाकात कइलें। तल्खी के बाद पीएम मोदी के साथ सोझे आइल नेता लोग के तस्वीर खूब वायरल हो रहल बा। दिल्ली सीएम अरविंद केजरीवाल अउर कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खड़गे के तस्वीर शेयर कs के कांग्रेस नेत्री सुप्रिया श्रीनेत तंज कसले बाड़ी।

सुप्रिया श्रीनेत कसली तंज

सुप्रिया श्रीनेत जौन तस्वीर शेयर कइले बाड़ी, ओमें दिल्ली सीएम अरविंद केजरीवाल पीएम मोदी के अभिवादन कs रहल बानें अउर दूसरा तस्वीर में कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खड़गे पीएम मोदी से बात करत नजर आ रहल बानें। दूनों तस्वीर के शेयर कs के सुप्रिया श्रीनेत लिखली कि उ B टीम कहले पर बिफर जानें। आंख में आंख दिखा के बात अइसे कइल जाला केजरीवाल जी!

405510cookie-checkनरेंद्र मोदी के सोझे हाथ जोड़ल द‍िखलें अरव‍िंद केजरीवाल त कांग्रेस के सुप्र‍िया श्रीनेत कसली तंज- खड़गे के तरह आंख में आंख डार के बात कइल जाला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.