[the_ad_group id="30365"]

नरेंद्र मोदी के सोझे हाथ जोड़ल द‍िखलें अरव‍िंद केजरीवाल त कांग्रेस के सुप्र‍िया श्रीनेत कसली तंज- खड़गे के तरह आंख में आंख डार के बात कइल जाला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत के जी-20 के अध्यक्षता मिलले के बाद सोमवार (5 दिसंबर) के सर्वदलीय बैठक बुलावल गइल रहे। बैठक में विपक्ष के तमाम नेता लोग पीएम मोदी से मुलाकात कइलें। तल्खी के बाद पीएम मोदी के साथ सोझे आइल नेता लोग के तस्वीर खूब वायरल हो रहल बा। दिल्ली सीएम अरविंद केजरीवाल अउर कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खड़गे के तस्वीर शेयर कs के कांग्रेस नेत्री सुप्रिया श्रीनेत तंज कसले बाड़ी।

सुप्रिया श्रीनेत कसली तंज

सुप्रिया श्रीनेत जौन तस्वीर शेयर कइले बाड़ी, ओमें दिल्ली सीएम अरविंद केजरीवाल पीएम मोदी के अभिवादन कs रहल बानें अउर दूसरा तस्वीर में कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खड़गे पीएम मोदी से बात करत नजर आ रहल बानें। दूनों तस्वीर के शेयर कs के सुप्रिया श्रीनेत लिखली कि उ B टीम कहले पर बिफर जानें। आंख में आंख दिखा के बात अइसे कइल जाला केजरीवाल जी!

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]