[the_ad_group id="30365"]

बिहार : कुढ़नी उपचुनाव में ना चलल नीतीश कुमार के जादू, BJP के मिलल जीत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना: कुढ़नी विधानसभा सीट के उपचुनाव में नीतीश कुमार के पार्टी जेडीयू के हार मिलल बा। बीजेपी से अगल होखला के बाद इहां से JDU आरजेडी के साथे उम्मीदवार उतरले रहे। उपचुनाव के नतीजा मुख्यमंत्री नीतीश कुमार खातिर बड़ झटका बा। उपचुनाव में लोग जनता दल यूनाइटेड के पूरा तरह से नकार दिहल।

जेडीयू इहां से मनोज कुशवाहा तs बीजेपी केदार गुप्ता पर दांव अजमवले रहे। ई दुनो उम्मीदवार पूर्व मुखिया के संगे-संगे पूर्व विधायको रह चुकल बा लोग। बीजेपी के केदार गुप्ता भलही चुनाव जीत गइलें बाकिर उनकर धड़कन मनोज कुशवाहा अन्तिम गिनती तक बढ़ा के रखलें, काहे से कि फैसला के अंतर बहुत देर ले एक दोसरा के बीच घटत-बढ़त रहल।

कुढ़नी उपचुनाव में भारतीय जनता पार्टी जनता दल यूनाइटेड के उम्मीदवार के 3632 मतन के अंतर से हरवले बिया। बीजेपी उम्मीदवार केदार प्रसाद गुप्ता 76648 वोट हासिल कइलें जबकि जेडीयू उम्मीदवार मनोज कुशवाहा के 73016 वोट मिलल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]