व्हाट्सएप स्टेटस अब सीधे FB Stories पे शेयर कइल जा सकेला, आई जानि जा कइसे?

Minee Upadhyay

व्हाट्सएप स्टेटस अब सीधे FB Stories पे शेयर कइल जा सकेला, आई जानि जा कइसे?

W hatsApp Status Update: मेटा-स्वामित्व वाला व्हाट्सएप पे अलग-अलग प्रकार के अपडेट जारी होखता। कंपनी अपना यूजर्स खातिर भी तरह तरह के फीचर साझा करत रहेले। एह प्लेटफार्म पे पहिले से फेसबुक के व्हाट्सएप स्टेटस शेयर करे के विकल्प रहे, लेकिन अब एगो नाया अपडेट के रोल आउट होखे के खबर बा।

व्हाट्सएप के नयका अपडेट के तहत यूजर के फेसबुक स्टोरी पे भी सीधा व्हाट्सएप स्टेटस शेयर करे के विकल्प मिल रहल बा। WABetaInfo के मुताबिक, पहिले के यूजर फेसबुक स्टोरी में स्टेटस अपडेट शेयर क सकत रहले, लेकिन हर बेर जब उ कुछ नाया पोस्ट करत रहले त उनुका मैन्युअल रूप से अपडेट शेयर करे के अतिरिक्त स्टेप से गुजरे के पड़े।

हालांकि अब एह नया फीचर के चलते विकल्प सक्षम होखला पे उपयोगकर्ता के ओर से चुनल गईल कुछ स्टेटस अपडेट खातीर प्रक्रिया के स्वचालित कईल जा सकता।

प्राइवेसी सेटिंग में नया विकल्प उपलब्ध होई

व्हाट्सएप पे स्टेटस प्राइवेसी सेटिंग में यूजर के एगो नाया ऑप्शन मिली। रिपोर्ट के मुताबिक, यूजर Share my status updates across my accounts विकल्प के माध्यम से फेसबुक अकाउंट जोड़ सकतारे।

 

FB Stories पे सीधे WhatsApp Status शेयर क सकीले

स्टेटस प्राइवेसी सेटिंग में जाके यूजर ए विकल्प के इस्तेमाल क सकेले। अयीसना में व्हाट्सएप से बिना निकलले कुछ स्टेटस अपडेट फेसबुक स्टोरी में शेयर क सकतानी। एकरा अलावे रिपोर्ट में कहल गईल बा कि, ए फीचर के मदद से यूजर के समय अउरी मेहनत के बचत होई, जब उ अपना स्टेटस अपडेट के मैन्युअल रूप से व्हाट्सएप से बाहर निकलले फेसबुक स्टोरी में शेयर करीहे।

व्हाट्सएप ऑडियो चैट

ओने खबर बा कि व्हाट्सएप “ऑडियो चैट” नाम के एगो नाया फीचर पे काम करतिया, जवन कि एंड्रॉयड पे ए एप्लीकेशन के आवे वाला अपडेट के हिस्सा के रूप में उपलब्ध होई।चैट हेडर में एगो नाया वेवफॉर्म आइकन जोड़ल जाई, जवना से यूजर ऑडियो चैट शुरू क सकतारे ., साथ ही उपयोगकर्ता लोग के चल रहल कॉल के खतम करे खातिर लाल बटन देखावल जाई।

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।