T20 World Cup 2026 : भारत ना आई बांग्लादेश के टीम, आईसीसी से श्रीलंका में मैच करावे के मांग

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 5, 2026

सेंट्रल डेस्क। टी20 वर्ल्ड कप से पहिले बड़ विवाद खड़ा हो गइल बा। बांग्लादेश क्रिकेट बोर्ड (बीसीबी) फैसला कइले बा कि ऊ टी20 वर्ल्ड कप खातिर आपन टीम भारत ना भेजी। भारत आ बांग्लादेश के

Share

Bangladesh cricket team requesting ICC to shift T20 World Cup 2026 matches from India to Sri Lanka

सेंट्रल डेस्क। टी20 वर्ल्ड कप से पहिले बड़ विवाद खड़ा हो गइल बा। बांग्लादेश क्रिकेट बोर्ड (बीसीबी) फैसला कइले बा कि ऊ टी20 वर्ल्ड कप खातिर आपन टीम भारत ना भेजी। भारत आ बांग्लादेश के बीच तनाव तब आउर बढ़ गइल जब भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) आईपीएल फ्रेंचाइजी कोलकाता नाइट राइडर्स (केकेआर) से बांग्लादेश के तेज गेंदबाज मुस्तफिजुर रहमान के टीम से बाहर करे के निरदेस देलस। अब बांग्लादेश के प्रमुख अखबार द डेली स्टार के रिपोर्ट के मोताबिक, बीसीबी भारत यात्रा से साफ इनकार कs देले बा।

खेल मंत्रालय के निरदेस पs भइल फैसला

एकरा पहिले बांग्लादेश के अंतरिम सरकार के खेल मंत्री बीसीबी के निरदेस देले कि आईसीसी से मांग उठावल जावs कि बांग्लादेश के टी20 वर्ल्ड कप मुकाबला भारत के बजाय श्रीलंका में करावल जावs। बांग्लादेश खेल मंत्रालय के माने के बा कि मुस्तफिजुर के आईपीएल से बाहर कइला के बाद खिलाड़ियन के सुरक्षा के लेके चिंता बढ़ गइल बा। एह ममिला पs बीसीबी अध्यक्ष आ बांग्लादेश के पूर्व कप्तान अमीनुल इस्लाम बुलबुल बोर्ड के आपात बैठक बोलवले रहलें।

भारत में तय बा चार लीग मैच

टी20 वर्ल्ड कप के शेड्यूल के मोताबिक बांग्लादेश के चार लीग मैच भारत में होखे वाला बा। एमे से तीन मैच कोलकाता में आ एक मैच मुंबई में खेलल गइला के कार्यक्रम बा। बांग्लादेश के कोलकाता में वेस्टइंडीज (7 फरवरी), इटली (9 फरवरी) आ इंग्लैंड (14 फरवरी) से मुकाबला बा, जबकि नेपाल के खिलाफ मैच 17 फरवरी के मुंबई में होखे वाला बा। बांग्लादेश ग्रुप-सी में इटली, नेपाल, इंग्लैंड आ वेस्टइंडीज के संगे बा।

आईपीएल विवाद से आईसीसी तक पहुंचल ममिला

पूरा विवाद के जड़ आईपीएल से जुड़ल बा। केकेआर आईपीएल 2026 के मिनी नीलामी में मुस्तफिजुर रहमान के 9.20 करोड़ रुपिया में किनले रहे। बाकिर बीसीसीआई के निरदेस पs केकेआर मुस्तफिजुर के टीम से बाहर कs देलस। भारत में मुस्तफिजुर के किनल गइला पs विरोध सुरू हो गइल रहे। कइयन गो नेता आ कथावाचक केकेआर के मालकिन शाहरुख खान पs हमला बोलले रहे लोग। एह फैसला से बीसीबी नाराज हो गइल आ अब भारत में टीम भेजे से इनकार कs रहल बा।

आईसीसी लिही आखिरी फैसला

हालांकि, एह पूरा विवाद पs आखिरी फैसला अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट परिषद (आईसीसी) के हाथ में बा, जवना के अध्यक्ष जय शाह बाड़ें। बीसीसीआई एह मुद्दा पs प्रतिक्रिया दे चुकल बा। बीसीसीआई सूत्रन के कहनाम बा कि टूर्नामेंट के कार्यक्रम बदलल आसान नइखे। टीमन के टिकट, होटल, प्रसारण बेवस्था सब पहिले से तय बा। टूर्नामेंट सुरू होखे में अब मात्र एक महीना बाकी बा, एह हालत में मैच के जगह बदले के संभावना बहुते कम बा।

Read Also: Venezuela Crisis : अमेरिका के कब्जा के बाद भारत के हो सकेला अरब डॉलर के फायदा, रूस पs पड़ी बड़ असर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.