[the_ad_group id="30365"]

नया फोन किनत घरी जदि ना देनीं एह 4 बातन पs धेयान तs पड़ जाई लेना के देना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्मार्टफोन्स के बिक्री बहुत तेज हो चुकल बा। ए घरी कइयन गो अइसन स्मार्टफोन आवेला जवन यूजर्स के कइयन तरे के फीचर्स देवेला आ ओहि फीचर्स के इस्तेमाल करे खातिर यूजर्स जल्दी-जल्दी फोन चेंज करेला लो। अब चाहे एंड्रॉइड होखे भा फेर आईफोन, नया फोन लेवे से पहिले रउआ कुछ बातन के धेयान राखल बहुते जरूरी बा। अब ई बात का-का बा हमनी रउआ के इहां बता रहल बानी सs।

नया स्मार्टफोन किने से पहिले एह बातन पs दीं धेयान:

आपन जरूरत के समझीं

स्मार्टफोन किने से पहिले रउआ ई समझल बहुते जरूरी बा कि रउआ स्मार्टफोन में आखिर का चाहीं। राउर का काम बा आ का जवन फोन रउआ किने के चाहत बानी, उ रउआ काम आ सकत बा कि ना। कइयन गो सवाल आवेला दिमाग में। अइसन में रउआ अइसने फोन चुने के चाहीं जेमे राउर सारा जरूरत पूरा होखे, फेर चाहे उ डिस्प्ले होखे भा परफॉर्मेंस।

फोन के कीमत:

अब मार्केट में कइयन गो फोन्स मवजूद बा। सस्ता से सस्ता आ महंगा से महंगा। बाकिर हर केहू के आपन बजट होला। रउआ हमेशा अपना बजट के हिसाब से फोन किने के चाहीं। कबहूं बजट से बाहर जाके फोन किनल सही नइखे। जदि रउआ अपना बजट से बाहर जाके फोन किनत बानी तs रउआ भारी नुकसान हो सकत बा।

कब किनी स्मार्टफोन:

मोबाइल किने के सही समय का होला, एकर जवाब केहू के लगे नइखे। काहेकि हर केहू खतीर्य फोन किने के समय अलग-अलग होला। हालांकि, जदि रउआ ओह समय फोन किनत बानी जब कवनो सेल चल रहल होला तs रउआ बहुते पईसा बचा सकत बानी। रउआ सेल के दौरान कइयन ऑफर्स आ डिस्काउंट्स मिल जाई, जवना के बाद फोन के कीमत वास्तविक कीमत से बहुते कम हो जाला।

रिव्यू पढ़ीं:

कवनो स्मार्टफोन के खाली ओकर स्पेसिफिकेशन देखिये के ना  किने के चाहीं। काहेकि कंपनी खुद तs अपना फोन के बारे में बुरा बोलिहे सs ना। अइसन में कवनो फोन के किने से पहिले रउआ ओकर रिव्यूज पढ़ लेवे के चाहीं। बिना रिव्यू पढ़लें फोन किने के गलती मत करीं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]