[the_ad_group id="30365"]

National Party: ‘आप’ के राष्ट्रीय पार्टी के दर्जा मिलल, ममता के तृणमूल आ शरद पवार के NCP के बरियार झटका

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आम आदमी पार्टी के राष्ट्रीय पार्टी के दर्जा मिल गइल बा। एकरा अलावे शरद पवार के राष्ट्रवादी कांग्रेस पार्टी (राकांपा) आ ममता बनर्जी के तृणमूल कांग्रेस के राष्ट्रीय पार्टी के दर्जा छिन लिहल गइल बा। एकरा संगही कम्युनिस्ट पार्टी ऑफ इंडिया (मार्क्सवादी) के राष्ट्रीय पार्टी के दर्जा छिन गइल बा। चुनाव आयोग के ओर से ई जानकारी दिहल गइल बा।

दरअसल, चुनाव आयोग 2016 में राष्ट्रीय पार्टी के इस्थिति के समीक्षा के नियमन में बदलाव कइले रहे। अब समीक्षा पांच के बजाए 10 साल में कइल जाये के प्रावधान कइल गइल बा। हालांकि, कवनो राष्ट्रीय पार्टी खातिर जरुरी बा कि ओकर उम्मीदवार देस में कम से कम चार से जादे राज्यन में छव प्रतिशत से बेसी मत हासिल करे। लोकसभा में ओकर प्रतिनिधित्व कम से कम चार सांसदन के होखे।

वइसे तs आयोग के 2019 में टीएमसी, सीपीआई आ एनसीपी के राष्ट्रीय दल के समीक्षा करे के रहे, बाकिर तब आगामी राज्यन के चुनावन के देखत आयोग समीक्षा ना कइलस। दरअसल, चुनाव चिन्ह आदेस 1968 के तहत अपना राष्ट्रीय दल के दर्जा के खोवला पs पार्टी देस के सब राज्यन में एके चुनाव चिन्ह पs चुनाव नइखे लड़ सकत।

अभी केतना राष्ट्रीय दल बा? 

1. भारतीय जनता पार्टी (भाजपा)

2. कांग्रेस

3. बहुजन समाज पार्टी (बीएससी)

4. कम्युनिस्ट पार्टी ऑफ इंडिया

5. नेशनल पीपुल्स पार्टी (NPP)

6. आम आदमी पार्टी (AAP)

आप भारत के सबसे नया राष्ट्रीय पार्टी हियs। एह दल के साल 2023 माने आजे राष्ट्रीय दल के मान्यता हासिल भइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]