IND vs NZ ODI : न्यूजीलैंड से पहिला वनडे से तीन घंटा पहिले भारत के बड़ झटका, पंत सीरीज से बाहर; देखीं संभावित प्लेइंग-11

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 11, 2026

स्पोर्ट्स डेस्क। भारत आ न्यूजीलैंड के बीच अतवार से सुरू हो रहल वनडे सीरीज से ठीक तीन घंटा पहिले टीम इंडिया के बड़ झटका लागल बा। विकेटकीपर-बल्लेबाज ऋषभ पंत अचानक चोटिल हो गइल बाड़ें आ

Share

Rishabh Pant ruled out of IND vs NZ ODI series due to injury

स्पोर्ट्स डेस्क। भारत आ न्यूजीलैंड के बीच अतवार से सुरू हो रहल वनडे सीरीज से ठीक तीन घंटा पहिले टीम इंडिया के बड़ झटका लागल बा। विकेटकीपर-बल्लेबाज ऋषभ पंत अचानक चोटिल हो गइल बाड़ें आ पूरा वनडे सीरीज से बाहर हो गइलें। एह खबर से भारतीय फैंस के निराशा जरूर भइल बा। पंत के जगह अब विकेटकीपर ध्रुव जुरेल के टीम में सामिल कइल गइल बा।

बीसीसीआई के जारी मीडिया एडवाइजरी के मोताबिक, सनिचर के दुपहरिया वडोदरा के बीसीए स्टेडियम में नेट्स के दौरान बल्लेबाजी करत समय पंत के दाहिना तरफ पेट के हिस्सा में अचानक तेज दरद महसूस भइल। एकरा बाद तुरंत उनका के एमआरआई स्कैन खातिर ले जाइल गइल। मेडिकल जांच आ विशेषज्ञ डॉक्टर से सलाह के बाद पता चलल कि पंत के साइड स्ट्रेन भइल बा। एह चोट के चलते चयन समिति उनका के पूरा वनडे सीरीज से बाहर करे के फैसला लेलस। चयन समिति पंत के रिप्लेसमेंट के तौर पs ध्रुव जुरेल के चुनलस, जे अब टीम के संगे जुड़ चुकल बाड़ें।

भारत के अपडेटेड वनडे स्क्वॉड

भारतीय टीम में अब शुभमन गिल (कप्तान), रोहित शर्मा, विराट कोहली, केएल राहुल (विकेटकीपर), श्रेयस अय्यर (उपकप्तान), वॉशिंगटन सुंदर, रवींद्र जडेजा, मोहम्मद सिराज, हर्षित राणा, प्रसिद्ध कृष्णा, कुलदीप यादव, नीतीश कुमार रेड्डी, अर्शदीप सिंह, यशस्वी जायसवाल आ ध्रुव जुरेल (विकेटकीपर) सामिल बाड़े।

गिल आ अगरकर के बातचीत

प्रैक्टिस सेशन के दौरान कप्तान शुभमन गिल आ चीफ सेलेक्टर अजीत अगरकर के बीच लमहर बातचीत देखे के मिलल। मानल जा रहल बा कि ई चरचा टीम कॉम्बिनेशन के लेके रहे। उहां एगो दिलचस्प नजारा इहो रहल कि पूर्व कप्तान रोहित शर्मा तेज गेंदबाज मोहम्मद सिराज के बल्लेबाजी टिप्स देत नजर अइलें।

खिलाड़ी फिट आ एक्टिव

उपकप्तान श्रेयस अय्यर, केएल राहुल आ रवींद्र जडेजा नेट्स में काफी एक्टिव देखल गइलें। विजय हजारे ट्रॉफी खेल के आइल कइयन गो खिलाड़ी अब पूरा तरे मैच फिट नजर आ रहल बा लोग।

सीरीज के शेड्यूल

तीन मैचन के एह वनडे सीरीज के सुरुआत वडोदरा से होई। दूसरका मैच 14 जनवरी के राजकोट आ तीसरा मैच 17 जनवरी के इंदौर में खेलल जाई।

भारत के संभावित प्लेइंग-11

शुभमन गिल (कप्तान), रोहित शर्मा, विराट कोहली, केएल राहुल (विकेटकीपर), श्रेयस अय्यर, रवींद्र जडेजा, नीतीश रेड्डी, हर्षित राणा, कुलदीप यादव, मोहम्मद सिराज आ अर्शदीप सिंह।

Read Also: Gorakhpur Mahotsav 2026 : आज से रामगढ़ताल किनारे कला, संस्कृति आ आध्यात्म के महासंगम

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.