[the_ad_group id="30365"]

भूल गइल बानी आपन Aadhaar Number! Free में मोबाइल नंबर से हो जाई काम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आधार कार्ड भारतीय नागरिकन के पहचान के प्रमाणित करेला। आज के समय में हर दूसरका काम में आधार कार्ड के जरूरत सबसे पहिले पड़ेला। अइसन में हर दूसरका व्यक्ति अपना आधार कार्ड के अपना जेब में रखल ना भूलाला। ओहिजा, आधार कार्ड अगर भुला जाव तs कवनो शख्स के परेसान होखले लाजमी बा। बाकिर, अच्छा बात ई  बा कि आधार कार्ड गुम हो गइला के बाद रउआ आधार कार्ड पा सकत बानी। जी हां, एकरा खातिर भारतीय विशिष्‍ट पहचान प्राधिकरण के ओर से आधार कार्ड होल्डर के एगो खास सुविधा दिहल जाला।

फ्री में मिलेला आधार कार्ड होल्डर के सर्विस 

भारतीय विशिष्‍ट पहचान प्राधिकरण के मोताबिक, जदि रउआ अपना आधार पs दर्ज पूरा नम, आधार से जुड़ल मोबाइल नंबर भा ईमेल के जानकारी दे देवे तs आधार नंबर पावल जा सकत बा। यूआईडीएआई एह प्रक्रिया खातिर मोबाइल ओटीपी आधारित प्रमाणीकरण के बाद रजिस्टर्ड मोबाइल नंबर पs SMS के जरिए ओटीपी भेजेला। एह ओटीपी के दर्ज कइला के संगही रउआ राउर आधार दोबारा पेश कs दिहल जाला। भारतीय विशिष्‍ट पहचान प्राधिकरण के ओर से आधार कार्ड होल्डर के ई सेवा मुफ्त में दिहल जाला। माने दोबारा आधार कार्ड पावे खातिर कवनो तरे के कवनो चार्ज ना देवे के होई।

  • सबसे पहिले UIDAI के ऑफिशियल वेबसाइट (https://myaadhaar.uidai.gov.in/retrieve-eid-uid) पs आवे के होई।
  • अब एह पेज पs आधार कार्ड में दर्ज नाम, मोबाइल नंबर आ कैप्चा के एंटर करे के होई।
  • अब रउआ आगे के प्रक्रिया खातिर Send OTP के बटन पs टैप करे के होई।
  • अइसन कइला के संगही नेक्स्ट पेज पs रउआ आधार के जानकारी नजर आ जाई।

एकरा अलावे, स्मार्टफोन में mAadhaar ऐप के इस्तेमाल कइल जा सकत बा

  • एह ऐप में Retrieve EID/UID के ऑप्शन मिलत बा।
  • रउआ आप नाम, मोबाइल भा ईमेल के जानकारी दीं।
  • अब कैप्चा एंटर कइला के बाद Request OTP करी।
  •  एकरा बाद रउआ राउर आधार के जानकारी मिली।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]