Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Cheque से करेनी पेमेंट तs जान लीं छपल एह कोडन के माने का होला, अधूरा जानकारी से हो सकत बा नुकसान

जदि रउओ चेक के माध्यम से पेमेंट करेनी तs रउओ चेक पs मवजूद एह कोड के बारे में पता होखे के चाहीं। राउर चेक लीफ पs MICR आ IFSC छपल होला जवना के जादेतर लोग ना जानेला। आज रउआ सभे के एही बारे में बतावे जा रहल बानी सs।

3,581

ए घरी ऑनलाइन पईसा भेजे के ट्रेंड बा। पेमेंट बड़ होखे भा छोट लोग अब ऑनलाइन ऑप्शन के जादे तेज आ सुरक्षित आउर आसान मानेला। ऑनलाइन पेमेंट के एह जमाना में ए घरी लोग आ खास कs के नवहा लोग चेक से पेमेंट कइल एक तरे से भुलाइये गइल बा।

हालांकि अभियो  कुछ लोग चेक के माध्यम से पेमेंट कइल जादे बढ़िया आ सुरक्षित मानेला। चेक से पेमेंट करत घरी ऊ लोग पेमेंट तs कs देला बाकिर ओह चेक पs छपल बारिकियन के बारें में ओहू लोग के शायदे पता होई। आज हमनी के एही चेक के बारिकियन के बारें में रउआ के बतावे जा रहल बानी सs। रउआ के बता दीं कि चेक में IFSC आ MICR लिखल होला जवना के बारे में आज हम रउआ सभे के बतावे जा रहल बानी सs।

का होला MICR कोड ?

MICR के पूरा नाम मेग्नेटिक इंक केरेक्टर रिकॉग्निशन कोड होला जवन 9 अंकन के होला। ई कोड ओह बैंक शाखा के पहचान करेला जवन इलेक्ट्रॉनिक क्लियरिंग सिस्टम (ESC) के हिस्सा बा। एह कोड के उपयोग चेक क्लियरिंग प्रोसेस में होला।

रउआ धेयान खातिर बता दीं ई कोड चेक के नीचे के ओर करिया गहिरा इंक में छपल होला। इहे MICR कोड होला आ जवना के खाली बैंके डीकोड कs सकेला। एह कोड से बैंक के ब्रांच के बारे में पता चलेला। ई कोड कैरेक्टर रिकॉग्निशन तकनीक पs काम करेला।

का होला IFSC कोड ?

IFSC कोड के पूरा नाम इंडियन फाइनेंसियल सर्विस कोड होला जवन ग्यारे अंकन के संख्या होला। एह कोड के इस्तेमाल NEFT, IMPS आ RTGS ट्रांजेक्शन में कइल जाला। ई कोड राउर चेक बुक के लीफ पs लिखल होला।

MICR आ IFSC कोड में का बा अंतर ?

एक ओरि जहां IFSC Code के इस्तेमाल देस के भीतर ऑनलाइन भा इलेक्ट्रॉनिक भुगतान खातिर कइल जाला। तs ओहिजा दूसरका तरफ MICR कोड के इस्तेमाल ग्लोबली फंड ट्रांसफर करे खातिर कइल जाला।

IFSC Code में बेंक कोड के अलावे ब्रांच कोड होला, ओहिजा, MICR Code में बैंक आ ब्रांच कोड के संगे-संगे पिन कोडो होला।

546150cookie-checkCheque से करेनी पेमेंट तs जान लीं छपल एह कोडन के माने का होला, अधूरा जानकारी से हो सकत बा नुकसान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.