Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मल्लिकार्जुन खरगे पs सौ करोड़ के मानहानि केस, बजरंग दल पs गलत बयान देला पs संगरूर कोर्ट भेजलस समन

Mallikarjun Kharge Summoned: मल्लिकार्जुन खरगे बजरंग दल पs बयान देके अब मुसीबत में फंस गइल बाड़ें।खरगे के मानहानि ममिला में संगरूर के एगो अदालत नोटिस भेजले बा। खरगे के 100 करोड़ के मानहानि नोटिस मिलल बा।

737

Mallikarjun Kharge Summoned: कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खरगे बजरंग दल पs बयान देके अब फंसत लउक रहल बाड़ें। खरगे के बजरंग दल के मानहानि ममिला में समन जारी भइल बा। संगरूर के जिला अदालत के सिविल जज (सीनियर डिवीजन) रमनदीप कौर सौ करोड़ रुपिया के मानहानि केस में खरगे के समन जारी कइलें बाड़ें।

बजरंग दल हिंद के संस्थापक लोग कइले बा केस

हिंदु सुरक्षा परिषद बजरंग दल हिंद के संस्थापक हितेश भारद्वाज संगरूर कोर्ट में मल्लिकार्जुन खड़गे के खिलाफ सौ करोड़ रुपिया मानहानि के याचिका दायर कइले बा। ओकर आरोप बा कि कांग्रेस के राष्ट्रीय प्रधान मल्लिकार्जुन खड़गे कर्नाटक विधानसभा चुनाव के दौरान बजरंग दल के तुलना देस विरोधी संगठनन से करत कहलें कि कांग्रेस सरकार सत्ता में अइला पs बजरंग दल भा आउर संगठन जवन समाज में नफरत फइलावे के काम करत बा ओकरा पs पाबंदी लगावल जाई।

Cheque से करेनी पेमेंट तs जान लीं छपल एह कोडन के माने का होला, अधूरा जानकारी से हो सकत बा नुकसान

546200cookie-checkमल्लिकार्जुन खरगे पs सौ करोड़ के मानहानि केस, बजरंग दल पs गलत बयान देला पs संगरूर कोर्ट भेजलस समन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.