[the_ad_group id="30365"]

Bihar Breaking: ताबड़तोड़ फायरिंग से दहलल गोपालगंज के थावे इलाका, तीन घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अभी के सबसे बड़ खबर गोपालगंज से आ रहल बा, जहां दु पक्षन के बीच भइल ताबड़तोड़ फायरिंग से पूरा इलाका दहल गइल। फायरिंग के एह घटना में तीन लोगन के गोली लागल बा। घटना थावे थाना क्षेत्र के नारायणपुर के हs।

प्राप्त जानकारी के मोताबिक पईसा के विवाद के लेके दु पक्षन के बीच गोलीबारी के घटना में गोली लगला से तीन लोग गंभीर रूप से घायल हो गइल बा। सब घायल लोगन के सदर अस्पताल में भर्ती करा दिहल गइल बा। सूचना के मोताबिक सब घायल लोग सीवान जिला के रहे वाला बतावल जा रहल बा लो।

ओने, घटना के जानकारी मिलतही सदर एसडीपीओ के नेतृत्व में मवका पs पहुंचल पुलिस ममिला के छानबीन में जुट गइल बिया। एसपी के निरदेस पs एसआईटी टीम के गठन कइल गइल बा। फिलहाल पुलिस स्थानीय लोगन आ घायलन के परिजनन से पूछताछ कर रहल बिया आ आरोपियन के तलाश में छापेमारी कs रहल बिया।

साभार: first Bihar

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]