सस्ता हो गईल iPhone, बजट में कस्टम ड्यूटी कम होते Apple दिहलस बड़ तोहफा, काफी घटा दिहलस रेट

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 26, 2024

  23 जुलाई के पेश बजट में वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण के ओर से स्मार्टफोन ग्राहक के दिहल उपहार के असर अब देखाई देता। एप्पल आईफोन के दाम घटा दिहले बा। अब रउआ आईफोन के

Share

 

23 जुलाई के पेश बजट में वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण के ओर से स्मार्टफोन ग्राहक के दिहल उपहार के असर अब देखाई देता। एप्पल आईफोन के दाम घटा दिहले बा। अब रउआ आईफोन के कई गो मॉडल सस्ता में खरीद सकेनी। बजट में वित्त मंत्री इंपोर्टेड स्मार्टफोन पs ड्यूटी चार्ज में पांच प्रतिशत के कमी कईले बाड़ी। वित्त मंत्री बेसिक कस्टम ड्यूटी 20 प्रतिशत से घटा के 15 प्रतिशत कs देले बाड़ी। भारत सरकार विदेश से आयात होखे वाला मोबाइल फोन पs 20 प्रतिशत आयात शुल्क लगावेले, जवन कि घट के 15 प्रतिशत कs दिहल गईल बा। गूगल के बहुत सारा स्मार्टफोन मॉडल भारत में आयात कईल जाला जवना में आईफोन प्रो मॉडल जईसे आईफोन 15 प्रो अवरू आईफोन 15 प्रो मैक्स शामिल बा।

6,000 रुपिया ले गिरल कीमत

अब एप्पल भारत में अपना आईफोन मॉडल के दाम में 3 से 4 प्रतिशत के कमी कईले बिया। टेकक्रंच के मुताबिक, एकरा चलते बहुत मॉडल के आईफोन के दाम 6,000 रुपिया ले गिर गईल बा।  आईफोन 13, 14 अवरू 15 के संगे आईफोन 15 प्रो अवरू प्रो मैक्स के दाम में गिरावट आईल बा। एह तरह से पहिला बेर एप्पल भारत में वर्तमान पीढ़ी के प्रो मॉडल के दाम कम कईले बा।

चीन में आईफोन शिपमेंट में कमी आईल

आईफोन के दाम में इ गिरावट ओ समय आईल बा जब चीन में आईफोन के शिपमेंट में गिरावट आईल बा। जून में खतम भइल एह तिमाही में चीन में आईफोन के शिपमेंट में 6.7 फीसदी के गिरावट आइल बा. भारत एप्पल के एगो बड़ बाजार हs। एप्पल भारत में लगातार आपन मैन्युफैक्चरिंग बेस बढ़ा रहल बा। भारत में आईफोन के बाजार हिस्सेदारी भी लगातार बढ़ रहल बा। जइसे-जइसे देश में आर्थिक समृद्धि बढ़ रहल बा ओइसे-ओइसे अधिका से अधिका लोग आईफोन खरीदे लागल बा. भारत में एप्पल के बाजार हिस्सेदारी पिछला साल के चउथा तिमाही में दो अंक में रहल।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.