[the_ad_group id="30365"]

का सरकार सोना के फैसला वापस ले ली? एह डर के चलते गहना के बिक्री बढ़ गइल, बाजार में 6-6 महीना के अग्रिम बुकिंग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बजट पेश कइला के बाद सोना के कम दाम के फायदा उठावे खातीर मंगलवार के सांझ से ही लोग गहना खरीदे लगले। ग्राहक पहिलही से शादी-बियाह खातीर अग्रिम बुकिंग करावत बाड़े।

सोना-चांदी के दाम : सामान्य बजट 2024 में सोना चांदी पs कस्टम ड्यूटी में कमी के चलते सोना चांदी के दाम में तेजी से गिरावट आइल बा। एकरा चलते लोग गहना के दोकान पs सस्या दाम पs सोना खरीदे खातीर जुटे लागल बाड़े। बियाह खातीर लोग सोना के खरीदारी शुरू कs चुकल बाड़े। दूसर ओर सोना चांदी के व्यापारी के कहनाम बा कि कुछ लोग के इहो चिंता बा कि सोना के मांग बढ़ला के चलते दाम पs कस्टम ड्यूटी के फैसला वापस ले लिहल जा सकता। भारत दुनिया के दूसरा सबसे बड़ सोना के उपभोक्ता देश बा। बजट पेश कइला के बाद मंगलवार के सांझ से लोग सोना के कम दाम के फायदा उठावे खातीर गहना के दोकान पsआवे लगले।

दरअसल बजट में घोषणा के बाद सोना के दाम 74 हजार रुपया प्रति ग्राम के रिकार्ड स्तर से गिर के 70 हजार रुपया से नीचे हो गइल बा। राजधानी दिल्ली में 24 कैरेट सोना के हाजिर दाम 69,950 रुपिया प्रति दस ग्राम हो गइल बा। जबकि 22 कैरेट सोना के भाव 64,150 रुपया बा।

सर्राफा व्यापारी खुश

सोना चांदी के भारी मांग के देखत जौहरी कारीगर के छुट्टी रद्द कs देले बाड़े। काहे कि, कस्टम ड्यूटी में कमी के चलते रोज के मांग में 20% के बढ़ोतरी भइल बा। सोना चाँदी के व्यापारी लोग के उम्मीद बा कि एह त्योहार के मौसम में गहना के बिक्री बढ़िया होई।

मुंबई के सोना-हीरा बाजार के नाम से जानल जाए वाला ज़वेरी बाजार में रहेवाला एगो खुदरा विक्रेता कहले कि, “अचानक मांग में आइल उछाल के पूरा करे खातीर हमनी के अगिला 7 दिन खातीर अपना कारीगर (सोनाकार) के छूटी रद्द कs देले बानी।”

 सोना पर अग्रिम बुकिंग योजना 

बजट के बाद मंगलवार के सोना के भाव 72,609 रुपया प्रति 10 ग्राम से घट के बुधवार के 69,194 रुपया प्रति 10 ग्राम हो गइल। 3,415 रुपया के ई गिरावट सरकार बजट में सोना पs आयात शुल्क 15% से घटा के 6% कs देले रहे।

सोना चांदी के खरीद के लेके हालात अइसन बा कि ग्राहक पहिलही से नवंबर अउरी दिसंबर में होखेवाला बियाह खातीर गहना मंगा रहल बाड़े। कुछ लोग धनतेरस आ दिवाली के त्योहार के ऑर्डर दे रहल बाड़े। एकरा संगे-संगे ग्राहक के अपना ओर खींचे खातीर जौहरी सोना पs अग्रिम बुकिंग योजना बनावत बाड़े।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]