[the_ad_group id="30365"]

पेटीएम के पहिला-तिमाही में ₹839 करोड़ के घाटा : पिछला साल एही तिमाही में ई ₹357 करोड़ रहे, एक साल में शेयर 45% गिरल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पेटीएम के पेरेंट कंपनी वन 97 कम्युनिकेशंस के वित्त बरिस 2024-25 के पहिला तिमाही में सालाना आधार पs 839 करोड़ रुपिया के लॉस भइल बा। पिछिला वित्त बरिस माने 2023-24 के समान तिमाही में घाटा 357 करोड़ रुपिया रहे। माने, कंपनी के घाटा 134% बढ़ गइल बा।

इहो पढ़ीं: UPSC चेयरमैन के पांच साल पहिलही देलें इस्तीफा, कहलें- एकर पूजा खेडकर विवाद से संबंध ना; पिछला साल अध्यक्ष बनल रहलें 

कंपनी के रेवेन्यू माने आय में गिरावट आइल बा। अप्रिल-जून के तिमाही में पेटीएम के ऑपरेशन से रेवेन्यू 1,502 करोड़ रुपिया रहल। पिछिला साल के समान तिमाही में रेवेन्यू 2,342 करोड़ रुपिया रहे। माने, पहिला तिमाही में कंपनी के रेवेन्यू सालाना आधार पs 36% गिर गइल।

पेटीएम पेमेंट बैंक पs RBI के रोक के कारण ओकरा बिजनेस पs असर दिखल बा। ओहिजा, तिमाही नतीजन के घोषणा के बाद पेटीएम के शेयरन में करीब 1% के तेजी बाल। ई 450 रुपिया पs कारोबार कs रहल बा। बीतल एक साल में शेयरन में करीब 45% के गिरावट आइल बा।

तिमाही आधार पs घाटा 53% बढ़ल 

वित्त बरिस 2024-25 के पहिला तिमाही में सालाना आधार पs 839 करोड़ रुपिया के लॉस भइल बा। पिछिला तिमाही माने, जनवरी-मार्च में कंपनी के 550 करोड़ रुपिया के घाटा भइल रहे। माने, तिमाही आधार पs घाटा 53% बढ़ल बा।

ओहिजा, अप्रैल-जून तिमाही में पेटीएम के ऑपरेशन से रेवेन्यू 1,502 करोड़ रुपिया रहल। पिछिला तिमाही माने, जनवरी-मार्च में पेटीएम के ऑपरेशन से रेवेन्यू 2,267 करोड़ रुपिया रहल रहे। माने, कंपनी के रेवेन्यू तिमाही आधार पs 34% गिर गइल।

RBI के रोक से पेटीएम के बिजनेस पs असर

31 जनवरी 2024 के जारी सर्कुलर में RBI कहले रहे कि 29 फरवरी (बाद में बढ़ाके 15 मार्च कइलस) के बाद पेटीएम पेमेंट बैंक के अकाउंट में पईसा जमा ना कइल जा सकी। एह बैंक के माध्यम से वॉलेट, प्रीपेड सर्विसेज, फास्टैग आ दूसरका सर्विसेज में पईसा ना डालल जा सकी।

हालांकि, पेटीएम पेमेंट्स बैंक के ग्राहकन के सेविंग अकाउंट, करंट अकाउंट, प्रीपेड इंस्ट्रूमेंट्स, फास्टैग, नेशनल कॉमन मोबिलिटी कार्ड आदि में मवजूद पईसन के विड्रॉल भा उपयोग पs कवनो तरे के कवनो पाबंदी ना रहे। बैलेंस अवेलेबल होखे तक एकर इस्तेमाल कइल जा सकत बा।

2009 में भइल रहे पेटीएम के सुरुआत

पेटीएम के पेरेंट कंपनी वन97 कम्युनिकेशंस अगस्त 2009 में पेटीएम पेमेंट ऐप के लॉन्च कइले रहे। एकर फाउंडर विजय शेखर शर्मा हवे। अभियो देस में पेटीएम के 30 करोड़ से जादे यूजर बा लो। पेटीएम के मार्केट कैप करीब 28 हजार करोड़ रुपिया बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]