विदेशी मुद्रा भंडार में जोरदार उछाल, एतना अरब डॉलर बढ़के 670 अरब डॉलर के रिकॉर्ड स्तर पs पहुंचल

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 27, 2024

  देश के विदेशी मुद्रा भंडार में चार अरब डॉलर के बढ़ोतरी भइल बा आ पहिला बेर 670 अरब डॉलर के पार हो गइल बा. तीन हफ्ता में 18 अरब डॉलर से अधिका के बढ़ोतरी

Share

 

देश के विदेशी मुद्रा भंडार में चार अरब डॉलर के बढ़ोतरी भइल बा आ पहिला बेर 670 अरब डॉलर के पार हो गइल बा. तीन हफ्ता में 18 अरब डॉलर से अधिका के बढ़ोतरी हो गइल बा. रिजर्व बैंक के ओर से बियफे के दिने जारी आंकड़ा बतावत बा कि 19 जुलाई के खतम होखे वाला हफ्ता में विदेशी मुद्रा भंडार में चार अरब डॉलर के उछाल आ 670.86 अरब डॉलर हो गइल जवन ओकर ऐतिहासिक सबले अधिका स्तर बा. विदेशी मुद्रा भंडार के सबसे बड़ घटक विदेशी मुद्रा संपत्ति में 2.58 अरब डॉलर के बढ़ोतरी भईल अवुरी इs 588.05 अरब डॉलर हो गईल।

रिजर्व बैंक के सोना के भंडार बढ़ावे के जारी प्रयास के बीच देश के सोना के भंडार में 1.33 अरब डॉलर के बढ़ोतरी भईल अवुरी इs 59.99 अरब डॉलर दर्ज भईल। एसडीआर 95 मिलियन डॉलर बढ़ के 18.21 अरब डॉलर हो गइल. जबकि आईएमएफ के साथे भंडार 4.61 अरब डॉलर पs स्थिर रहल। एकरा से पहिले 12 जुलाई के खतम होखे वाला हफ्ता में विदेशी मुद्रा भंडार में 9.7 अरब डॉलर के जबरदस्त बढ़ोतरी भईल। 5 जुलाई के खतम होखे वाला हफ्ता में विदेशी मुद्रा भंडार में 5.16 अरब डॉलर के बढ़ोतरी भइल रहे.

लगातार तीन हफ्ता से वृद्धि

एह तरह से देश के विदेशी मुद्रा भंडार में तीन हफ्ता में 18.86 अरब डॉलर के बढ़ोतरी भइल बा. विदेशी मुद्रा भंडार देश के अर्थव्यवस्था के एगो महत्वपूर्ण संकेतक हs। आरबीआई के लगे पर्याप्त विदेशी मुद्रा उपलब्ध होखला के चलते जरूरत पड़ला प रुपया के समर्थन कs सकता। एकरा अलावे विदेशी लोन अवुरी बढ़त आयात के किस्त के भुगतान कईल आसान बा। अंतर्राष्ट्रीय मुद्रा कोष (आईएमएफ) में भारत के रिजर्व जमा समीक्षाधीन हफ्ता में 4.61 अरब डॉलर पs कवनो बदलाव ना भइल.

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.