Paris Olympics: भारतीय निशानेबाजन के खराब शुरुआत, 10 मीटर एयर राइफल मिक्स्ड टीम के क्वालीफिकेशन से बाहर

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 27, 2024

Paris Olympics: रमिता आ अर्जुन बबौता के जोड़ी कुल 628.7 अंक ले के छठवाँ जगहा पs रहल जबकि एलावेनिल वलारिवन आ संदीप सिंह 626.3 अंक ले के बारहवाँ जगहा पs आपन अभियान खतम कइले। पेरिस

Share

Paris Olympics: रमिता आ अर्जुन बबौता के जोड़ी कुल 628.7 अंक ले के छठवाँ जगहा पs रहल जबकि एलावेनिल वलारिवन आ संदीप सिंह 626.3 अंक ले के बारहवाँ जगहा पs आपन अभियान खतम कइले।

पेरिस ओलंपिक में भारतीय शूटरन के शुरुआत बढ़िया ना रहल। भारतीय शूटर खुद 10 मीटर एयर राइफल मिक्स टीम क्वालीफाइंग से बाहर हो गइलें आ पदक दौर में ना चहुँप पवले। रमिता आ अर्जुन बबौता के जोड़ी कुल 628.7 अंक ले के छठवाँ जगहा पs रहल जबकि एलावेनिल वलारिवन आ संदीप सिंह 626.3 अंक ले के बारहवाँ जगहा पs आपन अभियान खतम कइले।

रमिता आ अर्जुन नजदीक आके चूक गइले 

रमिता आ अर्जुन के तीन गो शॉट बाकी रहला के बाद पाँचवा जगहा पs रहले आ पदक दौर खातिर क्वालीफाइंग के करीब रहले बाकिर भारतीय जोड़ी 1.0 अंक पीछे रह गइल। अर्जुन दुसरका रिले में बढ़िया शुरुआत कइलन आ 10.5, 10.6, 10.5, 10.9 के स्कोर बनवले जबकि रमिता दुसरका सीरीज में 10.2, 10.7, 10.3, 10.1 के स्कोर बनावे में कामयाब रहली। एह लोग के कोशिश का चलते ई जोड़ी टॉप आठ में बनल रहल। हालांकि ई स्कोर पदक दौर में जगह बनावे खातिर पर्याप्त ना रहल। पदक दौर में चहुँपे खातिर टॉप फोर में खतम होखल जरूरी रहे। क्वालीफाइंग दौर में चीन, कोरिया आ कजाकिस्तान के टीम पहिला तीन जगहा पर रहल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.