[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर से वड़ोदरा खातिर चली वीकली स्पेशल ट्रेन: रेलवे जारी कइलस शेड्यूल, जानीं ट्रेन के रूट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर से वड़ोदरा के ओर से यात्रा करे वाला यात्रियन के राहत मिली। यात्रियन के बढ़त भीड़ के देखत, रेलवे प्रशासन उनकर सुविधा खातिर नया वीकली स्पेशल ट्रेन चलावल गइल बा। वीकली स्पेशल ट्रेन यात्रियन के ना खाली राहत दी, बलूक ओह लोगन के यात्रा के आउर आरामदायक आ सुविधाजनक बनाई। रेलवे प्रशासन ट्रेन के शेड्यूलो जारी कs देले बा।

ई बा ट्रेन के शेड्यूल

09111 वड़ोदरा-गोरखपुर वीकली स्पेशल ट्रेन 30 दिसंबर,2024 तक हर सोमार के वड़ोदरा से 19:00 बजे चलके गोधरा 20:10 बजे, रतलाम से 22:45 बजे, दूसरका दिन कोटा से 02:10 बजे, सवाई माधोपुर से 03:20 बजे, गंगापुर सिटी से 04:15 बजे, भरतपुर से 06:10 बजे, आगरा फोर्ट से 07:50 बजे, टुण्डला से 09:25 बजे, शिकोहाबाद से 10:02 बजे, मैनपुरी जं. 11:05 बजे, फर्रूखाबाद से 12:50 बजे, कानपुर सेण्ट्रल से 16:20 बजे, लखनऊ से 18:30 बजे, बाराबंकी से 19:15 बजे, गोण्डा से 20.40 बजे आ बस्ती से 22:10 बजे छूटके गोरखपुर 23:30 बजे पहुंची।

वापसी यात्रा में 09112 गोरखपुर-वड़ोहरा वीकली स्पेशल ट्रेन 01 जनवरी, 2025 तक हर बुध के गोरखपुर से 05:00 बजे चलके बस्ती से 06:07 बजे, गोण्डा से 07:30 बजे, बाराबंकी से 09:00 बजे, लखनऊ से 10:40 बजे, कानपुर सेण्ट्रल से 12:25 बजे, फर्रूखाबाद से 15:10 बजे, मैनपुरी जं. से 16:37 बजे, शिकोहाबाद से 17:49 बजे, टुण्डला से 19:05 बजे, आगरा फोर्ट से 20:10 बजे, भरतपुर से 21:22 बजे, गंगापुर सिटी से 22:33 बजे, सवाई माधोपुर से 23:08 बजे, दूसरका दिन कोटा से 00:35 बजे, रतलाम से 04:25 बजे आ गोधरा से 07:17 बजे छूटके वड़ोदरा 08:35 बजे पहुंची।

अइसन होई कोच बेवस्था 

एह गाड़ी में वातानुकूलित प्रथम श्रेणी के 01, वातानुकूलित द्वितीय श्रेणी के 02, वातानुकूलित तृतीय श्रेणी के 06, शयनयान श्रेणी के 08, साधारण द्वितीय श्रेणी के 02, जनरेटर सह लगेज यान के 01 आ LSLRD के 01 कोच सहित टोटल 21 कोच लगावल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]