[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: पश्चिमी विक्षोभ से बदलल मौसम के मिजाज, आजो राहत के आसार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। पश्चिमी विक्षोभ के चलते सनीचर के दिन सुहाना रहल। धूप के बावजूद मौसम में नमी राहत के अहसास करवलस। अतवार के हवा चलला के संगही दिन में आंशिक बादल छाइल रही।

मौसम विभाग के अनुसार, मानसून के द्रोणिका समुद्र तल पs जैसलमेर, कोटा, खजुराहो, दक्षिण-पूर्व उत्तर प्रदेश आ ओकरा से सटल उत्तर पश्चिमी मध्य प्रदेश के निम्न दबाव वाला क्षेत्र के केंद्र रांची, कोंटाई से होके बंगाल के खाड़ी तक जाला। एक हफ्ता से पूरा पूर्वांचल में छिटफुट बरखा के दौर चल रहल बा। एह बीच सनीचर के सक्रिय भइल पश्चिमी विक्षोभ के चलते दिन में तेज पछुआ हवा चले लागल। एकरा वजह से मौसम खुसगवार हो गइल। दुपहरिया में घाम के बावजूद हवा के चलते गरमी के अहसास ना भइल। अइसन शीतल हवा आमतौर पs अक्तूबर के मध्य में बहेला,बाकिर ई अगस्त के आखिरी सप्ताह में लोगन के चउका गइल।

मानसून के द्रोणिका के दक्षिण-पूर्व उत्तर प्रदेश से सटके गुजरला से अतवार के कुछ जगहन पs बरखा के अनुमान जतावल गइल बा। दिन में हल्का से मध्यम गति से हवा चलती रही। एह बीच पश्चिमी हवा के द्रोणिका के सक्रिय होखला से सनीचर के दिन में तेज हवा चलत रही। जवना के चलते मौसम सुहाना बनल रही। सनीचर के दिन के तापमान 33.6 डिग्री सेल्सियस आ रात में न्यूनतम तापमान 26.8 डिग्री सेल्सियस बनल रहल।

अचानक बदलल मौसम तs बरतीं सावधानी

सनीचर के अचानक मौसम में दिखल बदलाव के लेके विशेषज्ञ लोग सतर्कता बरते के सलाह देले बा लो। वरिष्ठ फिजिशियन डॉ. राजेश कुमार के कहनाम बा कि आमतौर पs एह तरे के परिवर्तन कमजोर प्रतिरक्षण क्षमता वाला लोगन के बीमार बना देले बा। अइसन बदलाव के दौरान फ्रिज के ठंडा पानी पियला से गला में खराश के लक्षण आवत रहेला। एकरा अलावे ई सर्दी-जुकाम आ वायरल फीवर के तेजी से बढ़ावेला। अइसन बदलाव से बचे खातिर गुनगुना पानी पीही आ मौसम अनुकूल बेवहार करी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]