[the_ad_group id="30365"]

छपरा से जम्मू खातिर चली वीकली स्पेशल ट्रेन : गोरखपुर होके जाई, शेड्यूल जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यात्रियन के हो रहल एक्स्ट्रा भीड़ के धेयान में रखत रेलवे प्रशासन 05193/05194 छपरा-शहीद कैप्टन तुषार महाजन (उधमपुर)-छपरा वीकली स्पेशल ट्रेन के संचालन करे के फैसला लेले बा।

ई ट्रेन 10 अगस्त से 31 अगस्त तक छपरा से चल के गोरखपुर के रास्ते सनीचर के चली आ 12 अगस्त से दु सितम्बर तक शहीद कैप्टन तुषार महाजन (उधमपुर) से चल के गोरखपुर के रास्ते प्रत्येक सोमवार के चार ट्रिप खातिर चली।

एह एक्स्ट्रा ट्रेन से गोरखपुर से जम्मू-कश्मीर जाये वाला यात्रियन के सुविधा मिली आ एक्स्ट्रा भीड़ के नियंत्रित करे में मदद मिली।

05193 छपरा-शहीद कैप्टन तुषार महाजन (उधमपुर) वीकली स्पेशल ट्रेन

ई गाड़ी छपरा कचहरी से 14:12 बजे, मशरख से 15:02 बजे, दिधवादुबौली से 15:34 बजे, थावे से 17:05 बजे, तमकुही रोड से 17:37 बजे, पडरौना से 18:10 बजे, कप्तानगंज से 19:35 बजे, गोरखपुर से 20:55 बजे, खलीलाबाद से 21:31 बजे, बस्ती से 21:59 बजे, गोंडा से 23:25 बजे, दूसरका दिन बुढ़वल से 01:18 बजे, सीतापुर से 03:10 बजे, शाहजहांपुर से 05:42 बजे, बरेली से 06:48 बजे, मुरादाबाद से 09:05 बजे, लक्सर जं. से 11:10 बजे, रूड़की से 11:37 बजे, सहारनपुर से 12:25 बजे, यमुनानगर जगाधरी से 12:57 बजे, अम्बाला कैंट से 14:20 बजे, ढंडारी कलां से 15:56 बजे, जलंधर कैंट से 17:05 बजे, पठानकोट कैंट से 19:00 बजे, कठुआ से 19:32 बजे आ जम्मूतवी से 20:45 बजे छूटके शहीद कैप्टन तुषार महाजन (उधमपुर) 22:10 बजे पहुंची।

05194 शहीद कैप्टन तुषार महाजन (उधमपुर)-छपरा वीकली स्पेशल ट्रेन

ई गाड़ी जम्मूतवी से 01:15 बजे, कठुआ से 02:22 बजे, पठानकोट कैंट से 03:00 बजे, जलंधर कैंट से 04:50 बजे, ढंडारी कलां से 06:20 बजे, अम्बाला कैंट से 08:25 बजे, यमुनानगर जगाधरी से 09:20 बजे, सहारनपुर से 10:50 बजे, रूड़की से 11:40 बजे, लक्सर जं. से 12:07 बजे, मुरादाबाद से 14:30 बजे, बरेली से 15:46 बजे, शाहजहांपुर से 16:58 बजे, सीतापुर से 19:10 बजे, बुढ़वल से 21:17 बजे, गोंडा से 22:20 बजे, बस्ती से 23:50 बजे, दूसरका दिन खलीलाबाद से 00:27 बजे, गोरखपुर से 01:20 बजे, कप्तानगंज से 02:17 बजे, पडरौना से 02:57 बजे, तमकुही रोड से 03:32 बजे, थावे से 04:45 बजे, दिधवादुबौली से 05:42 बजे, मशरख से 06:15 बजे आ छपरा कचहरी से 07:20 बजे छूटके छपरा 08:00 बजे पहुंची।

अइसन होई कोच बेवस्था

एह विशेष गाड़ी में 22 कोच होई, जेमे एगो जनरेटर सह लगेज यान, एगो LSLRD, तीन गो साधारण द्वितीय श्रेणी, आठ शयनयान, आठ वातानुकूलित तृतीय श्रेणी इकोनामी, आ एगो वातानुकूलित द्वितीय श्रेणी कोच सामिल होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]