[the_ad_group id="30365"]

सावन के अंतिम सोमवार पर सूरज के तेवर तल्ख, गर्मी अउर उमस से बढ़ल परेशानी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आषाढ़ के महीना सूखा गुजर गइले के बाद उम्मीद के फुहार ले के आइल सावन भी वाराणसी समेत आसपास के जिला में झूम के नाइ बरस सकल बा। बादलन के बेरुखी लोगन के माथे पर चिंता के लकीर खींच देहलें बा। सावन के अंतिम सोमवार पर वाराणसी में तेज धूप के साथ दिन के शुरुआत भइल बा। सूरज के तेवर तल्ख बा।। अइसन में काशी विश्वनाथ मंदिर समेत शहर के अन्य शिवालयन में उमड़ल भक्तन के गर्मी अउरी उमस से परेशानी बढ़ गइल बा। सुबह नौ बजे तापमान 32 डिग्री सेल्सियस दर्ज कइल गइल।

एसे पहिले रविवार के अधिकतम तापमान 35.8 डिग्री जबकि न्यूनतम तापमान 25 डिग्री सेल्सियस रहल। ई सामान्य से करीब दू डिग्री अधिक बा। आज तापमान में बढोत्तरी हो सकsला। मौसम विभाग के अनुमान के मुताबिक, दोपहर बाद बादल छा सकत बा।

सावन के महीना में भी पूर्वांचल में निम्मन बारिश नाइ हो रहल बा। जुलाई के महीना में भी सामान्य से कम्मे बारिश भइल बा। लोग के मानल जाव त बारिश का दौर त लागत बा कि एह वक्त रुक गइल बा। आषाढ़ जहां सूखत चल गइल, उहवें सावनो अब जाए वाला बा।
धान रोपाई के अंतिम दौर चल रहल बा। पानी के अभाव में रोपाई ले नाइ हो पा रहल बा। बारिश के ई हाल बा कि आसमान में प्रतिदिन बादल लउकत बा लेकिन हल्लुक बूंदाबांदी के बाद मौसम साफ हो जात बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]