[the_ad_group id="30365"]

महराजगंज में एसएसबी जवान के देहल गइल अंतिम विदाई, पेट में दर्द होखले पर अस्पताल में कइल गइल रहे भर्ती

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महराजगंज जिला के सगरहवा निवासी एसएसबी जवान विजेंद्र कुमार ( 30) के रविवार के महाव नाला के किनारे राजकीय सम्मान के साथ अंतिम संस्कार कइल गइल। विजेंद्र कुमार वर्ष 2011 में एसएसबी में भर्ती भइल रहने। वर्तमान में उनकर तैनाती बीओपी ठूठीबारी में रहल।

वह 20 दिन के अवकाश पर घर आइल रहने। एही दौरान शुक्रवार रात पेट में दर्द होने पर घर के लोग नौतनवां के एक निजी अस्पताल में भर्ती करावल, जहां रविवार भोर में उनकर मौत हो गइल।

पत्नी तारा देवी अउरी दूनों बेटवन अनुज (8) अउरी आदर्श (3) के रो-रोकर बुरा हाल बा। जवान की मौत के सूचना मिलतही कमांडेंट ललित उपाध्याय अउरी बीओपी निरीक्षक जयप्रकाश, परसा मलिक थानाध्यक्ष गोरखनाथ सरोज जवान के राजकीय सम्मान के साथ अंतिम विदाई देवे पहुंचलें। मृत जवान के पिता भूतपूर्व सैनिक भगौती प्रसाद मुखाग्नि देहलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]