[the_ad_group id="30365"]

अमृत महोत्सव: स्कूली बच्चन के तिरंगा यात्रा में शामिल भइले कृषि मंत्री, बोलले- अमर शहीदन के बलिदान के करीं याद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देश के आजादी के 75वां सालगिरह पs आयोजित अमृत महोत्सव खातिर सुक के नवतप्पी इंटर कॉलेज रामपुर गढ़ के छात्र -छात्रा तिरंगा यात्रा निकाल के लोगन के जागरूक कइल लो। तिरंगा यात्रा के नेतृत्व कृषि मंत्री सूर्य प्रताप शाही कइले।

ऊ तिरंगा झंडा दिखाके यात्रा के शुभारंभ कइले। ओकरा बाद बैंड के राष्ट्रीय धुन के संगे विद्यालय प्रांगण से निकल के रामपुर खास गांव के दलित बस्ती होखत मुख्य सड़क से होके गांव के सड़कन पs ‘भारत माता की जय’ के जय घोष के साथे गांव के गलियन के रास्तन से होखत विद्यालय परिसर में जा के समाप्त भइल।

कार्यक्रम के सम्बोधित करत कृषिमंत्री कहले कि हमनी के हमेशा अपना अमर शहीदन के बलिदान के याद राखत नया भारत के निर्माण खातिर संकल्प करे के चाहीं। केंद्र सरकार के जनकल्याणकारी योजना समाज के अंतिम व्यक्ति तक पहुंच रहल बा। देश के चतुर्दिक विकास हो रहल बा। हमनी के स्वतंत्रता के अमर शहीदन के इयाद कs के हर घर पs तिरंगा लगावे खातिर जागरूक करे के जरूरत बा।

एकरा पहिले विद्यालय के प्रबंधक विश्वेंदु राव, प्रधानाचार्य शिवनाथ सिंह आदि कृषिमंत्री के माल्यार्पण कs के स्वागत कइल लो। एह दौरान सीडीओ रवींद्र कुमार, एसडीएम सौरभ सिंह, सीओ सदर श्रीयश त्रिपाठी आदि मवजूद रहल लो।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]