[the_ad_group id="30365"]

बिक गइल पानी टंकी वाला Sintex, बहुते सस्ता बा कंपनी के शेयर, तूफानी तेजी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पानी टंकी बनाने वाली दिवालिया कंपनी Sintex प्लास्टिक के खरीदार मिल गइल बा। वेलस्पन समूह एह कंपनी के 1251 करोड़ रुपिया में अधिग्रहण कइले बा। वेलस्पन ग्रुप बतवलस कि पानी के टंकी आ आउर प्लास्टिक उत्पादन खातिर Sintex दशकन से भारत में एगो घरेलू नाम रहल बा। समूचा भारत में एकर एगो मजबूत वितरण नेटवर्क बा।

इस्पात से लेके कपड़ा बनावे वाली ई कंपनी कहलस

Sintex के अधिग्रहण के संगे वेलस्पन देशभर में कइयन गो आउर घरन के एगो अभिन्न अंग बन जाई। ई अधिग्रहण 1251 करोड़ रुपिया के सौदा में कइल गइल। वेलस्पन के चेयरमैन बालकृष्ण गोयनका कहलें- सिंटेक्स के अधिग्रहण हमनी के उपभोक्ता संपर्क आ जमीनी उपस्थिति के मजबूत करे खातिर एगो रणनीतिक समायोजन बा।

शेयर के कीमत

बीतल बुध के Sintex प्लास्टिक के शेयर के कीमत 1.90 रुपिया रहे। ई शेयर 1.06% के तेजी के संगे बंद भइल। बता दीं कि 29 मार्च 2023 के शेयर के कीमत 1.79 रुपिया रहे। हालांकि, बीतल दु साल से ई शेयर निगेटिव में बा। दु साल के अवधि में ई शेयर 47.22 के निगेटिव रिटर्न देले बा। एक साल के अवधि में ई शेयर 65.33 गिर चुकल बा। छव महीना में शेयर 43.62 लुढ़कल बा जबकि तीन महीना में 33.33 गिर चुकल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]