[the_ad_group id="30365"]

LPG Price Reduced: नया वित्त बरिस के पहिला दिन एलपीजी सिलेंडर सस्ता भइल, जानीं केतना घटल दाम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

LPG Price Reduced: आज 1 अप्रिल 2023 से नया वित्त बरिस के सुरूआत में ए रउआ एलपीजी सिलेंडर के घटल दामन के निमन खबर सुने के मिलल बा। दरअसल, पेट्रोलियम कंपनी नया महीना के पहिला तारीख के एलपीजी, एटीएफ, केरोसीन तेल आदि के दामन के समीक्षा करेली सs आ एमे बदलाव करेली।

कमर्शियल सिलेंडर के घटल दाम

पेट्रोलियम कंपनी आज नया वित्त बरिस के पहिला दिन एलपीजी सिलेंडर के दामन में कटौती कइले बाड़ी सs आ ई कमी कमर्शियल सिलेंडर के दामन में कइल गइल बा।19 किलो वाला कमर्शियल गैस सिलेंडर के दाम में आज 92 रुपिया तक के कटौती कइल गइल बा। दिल्ली, मुंबई, कोलकाता, चेन्नई सहित सब शहरन में कमर्शियल गैस सिलेंडर के दामन में कटौती कइल गइल बा आ ई सस्ता भइल बा।

जानीं अपना शहर में एलपीजी के नया दाम

  • दिल्ली- 2028.00
  • कोलकाता- 2132.00
  • मुंबई- 1980.00
  • चेन्नई- 2192.50

अपना शहर में एलपीजी के पुरान दाम जानीं

  • दिल्ली- 2119.50
  • कोलकाता 2221.50
  • मुंबई 2071.50
  • चेन्नई 2268.00

घरेलू गैस सिलेंडर के दाम में नइखे भइल बदलाव

हालांकि घरेलू रसोई गैस सिलेंडर के दाम में कवनो बदलाव नइखे आइल आ ई पहिलही के दामन पs इस्थिर बा। दिल्ली में घरेलू एलपीजी सिलेंडर के दाम 1103 रुपिया प्रति सिलेंडर बा। 14.2 किलोग्राम वाला घरेलू रसोई गैस सिलेंडर पिछला महीना 50 रुपिया महंगा कइल गइल रहे आ 19 किलोग्राम वाला कमर्शियल गैस सिलेंडर 350 रुपिया महंगा भइल रहे।

जानीं केतना घट रहल बा एलपीजी पs दाम

आज से दिल्ली में कमर्शियल एलपीजी सिलेंडर पूरा 91.5 रुपिया सस्ता होके 2028 रुपिया में मिली। ओहिजा कोलकाता में 89.5 रुपिया सस्ता होके एलपीजी सिलेंडर 2132 रुपिया के मिली। ओहिजा, आर्थिक राजधानी मुंबई में एलपीजी सिलेंडर 91.50 रुपिया सस्ता होके 1980 रुपिया के मिली माने एकर दाम 2000 रुपिया से नीचे आ गइल बा। ओहिजा, चेन्नई में एलपीजी सिलेंडर 75.5 रुपये सस्ता होके 2192.50 रुपिया के मिली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]