Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Gorakhpur News: सावधान, कहीं रउआ मिलावटी गहना तs नइखी किन रहल, छापा में मिलल 12.5 किलो मिलावटी सोना

Gorakhpur News: शाहपुर क्षेत्र में ऊ किराया पs परिवार के संगे रहत बा। असुरन चौराहा के लगे ओकर भाई के दुकान बा। बिना हालमार्क के मत किनी सोना के आभूषण। गड़बड़ी मिलला पs बीआइएस से करीं शिकायत।

839

शहर में पुष्कर ज्वेलर्स के दुकान में मिलावटी सोना के गहना बिकत रहे। ग्राहकन के शिकायत पs सोमार के सांझ सराफा मंडल के पदाधिकारी दुकान में छापा मारके 12.5 किलो मिलावटी सोना के गहना आ नव किलो मेटल पकड़ पुलिस के सूचना देलस। राजघाट थाना पुलिस गहना के कब्जा में लेला के संगही मऊ जिला के रहे वाला दुकानदार के हिरासत में ले लिहल। सराफा मंडल के अध्यक्ष दुकानदार पs कूटरचित तरीका से जालसाजी कs के मिलावटी गहना बनावे आ कापीराइट एक्ट के मुकदमा दर्ज करवले बा।

छव महीना पहिले खोलले रहे दुकान

मऊ जिला के दोहरीघाट निवासी अमर जौहरी छव महीना पहिले घंटाघर इस्थित पार्किंग के बगल में पुष्कर ज्वेलर्स के नाम से दुकान खोलले रहे। गांव आ कस्बन के बेयपारियन के थोक आ फुटकर में सस्ता दर पs गहना बेचत रहे। दु महीना से सराफा मंडल के पदाधिकारियन के लगे शिकायत आवत रहे कि अमर जौहरी 18 कैरेट के जवन गहना बेच रहल बा ओमे सोना के मात्रा खाली सात से 10 प्रतिशत रहे, जबकि मानक 75 प्रतिशत के बा।

सोमार के सांझ सात बजे सराफा मंडल के अध्यक्ष गणेश वर्मा के नेतृत्व में संगठन के पदाधिकारी अमर के दुकान पs पहुंचल लो। काउंटर पs रखल सोना के गहना के निकालके देखल तs सोना के मात्रा कम मिलल। पूछला पs अमर कुछुओ बतावे से मना कs दिहल।

सोना के मात्रा कम मिली

जानकारी राजघाट थाना पुलिस के देला के बाद सराफा मंडल के पदाधिकारी लोग सोना के जांच करे वाला घंटाघर सराफा मंडी के विशेषज्ञन के बोलावल, जे गहना देखला के बाद सोना के मात्रा कम होखे के पुष्टि कइलस। एकरा बाद पुलिस दुकान में रखल 12.5 किलो सोना के गहना, 9 किलो मेटल (मिलावटी सोना बनावे में इस्तेमाल होखे वाला धातु) कब्जा में लेला के संगही दुकान के बंद करा दिहल।

बीआइएस के अधिकारियन के दिहल गइल सूचना

राजघाट थाना पुलिस के सूचना पs मंगर के भारतीय मानक ब्यूरो (बीआइएस) लखनऊ के टीम जांच करे आ सकत बिया।

ग्राहकन के चूना लगा रहल बा लो दुकानदार

जदि रउआ सोना के आभूषण ले रहल बानी तs सावधान रहीं। कइयन अइसन आभूषण बेयपारी बा लो जे आपन खुद के टेस्टिंग मशीन रखले बा लो, जे भारतीय मानक ब्यूरो (बीआइएस) प्रचलन से बाहर भइल मुहर लगाके ग्राहकन के चूना लगा रहल बा लो। बीआइएस पहिलही सूचित कs चुकल बा कि ग्राहक अपना अधिकारन के लेके जागरूक रहीं आ गड़बड़ी मिलला पs बीआइएस के लखनऊ कार्यालय में शिकायत दर्ज कराई। सर्राफा बाजार से जुड़ल लोग बतावेला कि शहर में तीन हालमार्किंग सेंटर बीआइएस के मानक पs चल रहल बा। कइयन तs अपना लगे लेजर मशीन रखके खुद हालमार्किंग के निशान लगाके आभूषण बेच देत बा लो। इहां तक कि एकर ब्योरा तक बीआइएस के वेबसाइट पs अपडेट नइखे कर रहल लो, जवना से ग्राहक ठगा जा रहल बा लो।

हालमार्किंग सेंटर के होखे के चाहीं जांच

नकली सोना आ सोना के अधोमानक आभूषण के बिक्री पs रोक लगावे आ दोषियन पs कार्रवाई खातिर बीआइएस के समय-समय पs हालमार्किंग सेंटरन के जांच करे के चाहीं। एसे जहां ग्राहकन के दुकानदार नकली सोना देवे से बाचीं ओहिजा ग्राहकन के शुद्ध सोना मिली।

का होला हालमार्किंग

सोना के शुद्धता आ सुंदरता के प्रमाणित करे के प्रक्रिया के हालमार्किंग कहल जात बा। भारतीय मानक ब्यूरो, भारत के राष्ट्रीय मानक निकाय बा। बीआइएस अधिनियम के तहत सोना के संगही चांदी के आभूषण के हालमार्किंग जरुरी होला। बीआइएस हालमार्क ई प्रमाणित करत बा कि आभूषण 24 कैरेट के शुद्ध सोना मानकन के मोताबिक तइयार कइल गइल बा आ ई शुद्ध बा।

कैरेट आ शुद्धता 24 कैरेट (99.9 प्रतिशत शुद्धता) 22 कैरेट (91.6 प्रतिशत शुद्धता) 18 कैरेट (75 प्रतिशत शुद्धता) 14 कैरेट (58.5 प्रतिशत शुद्धता)

जदि रउआ आभूषण किन रहल बानी तs दुकानदार से पक्का रसीद जरूर लीं। ओकरा बाद बीआइएस केयर एप पs जाके एचयूआइडी कोड डालके सोना के शुद्धता के जांच खुद कs लीं, जवना से रउआ पता चल जाई कि असली बा कि नकली। बाजार में लेजर मार्किंग आ हाल मार्किंग आभूषण बिक रहल बा। खाली हालमार्किंग वाला ज्वेलरी किनी। संजय अग्रवाल, निदेशक, परंपरा जेम्स एंड ज्वेल्स

पहिला अप्रिल से खाली हालमार्किंग वाला सोना बिकी

नया नियम के तहत एक अप्रिल से छव डिजिट वाला अल्फान्यूमेरिक हालमार्किंग के बिना सोना ना बिकी। जइसे आधार कार्ड पs12 अंकन के कोड होत बा, ओहि तरह से सोना के आभूषण पs छव अंकन के हालमार्क कोड होई। एकरा के हालमार्क यूनिक आइडेंटिफिकेशन नंबर माने एचयूआइडी कहल जाला। एकरा लागू होखला के बाद मिलावटी सोने के खेल बंद हो जाई।

 

सराफा मंडल के पदाधिकारियन के शिकायत पs राजघाट पुलिस 12.5 किलो मिलावटी सोना आ ओकरा से बनल गहना बरामद कइले बिया। कूटरचित तरीका से जालसाजी करे के मुकदमा दर्ज कs के दुकानदार के हिरासत में ले लिहल गइल बा, ओकरा से पूछताछ चल रहल बा। रैकेट में सामिल लोगन पs कड़ा कार्रवाई होई। डा. गौरव ग्रोवर, एसएसपी

मेरठ आ हापुड़ से सोना ले आके करत रहे गोलमाल

मेरठ आ हापुड़ से सोना ले आके अमर जौहरी उर्फ अमरनाथ वर्मा छव महीना से गोलमाल करत रहे। सोना में धातु मिलाके गहना तइयार कइला के बाद खुदे नकली हालमार्किंग करत रहे। गुणवत्ता के लेके जदि कइयन गो दुकानदार भा ग्राहक शिकायत लेके आवत रहे तs हालमार्किंग दिखा के चुप करा देत रहे।

गहनन पs हालमार्किंग अनिवार्य कs दिहल गइल बा बाकिर, अभी तक पुरान लोगन पs बैन नइखे लागल। एही के आड़ में अमरो नकली हालमार्किंग कs के आठ से दस कैरेट वाला सोना के गहना ग्राहकन के बेच रहल बा।

495810cookie-checkGorakhpur News: सावधान, कहीं रउआ मिलावटी गहना तs नइखी किन रहल, छापा में मिलल 12.5 किलो मिलावटी सोना

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.