[the_ad_group id="30365"]

खेल मैदान में बनावल जा रहल बा पानी टंकी, गांव वाले कइलें धरना प्रदर्शन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

क्षेत्र के महुरांव गांव में खेल के मैदान में जल निगम पानी के टंकी बनवा रहल बा। एकर अतवार के गाँव वाले विरोध कइलें। एके ले के ठेकेदार अउर गाँव वालन में तीखा नोकझोंक भइल। शिकायत पर पहुंचल पुलिस गाँव वालन के समझा बुझा के शांत करवलस।

ग्राम प्रधान के नेतृत्व में गाँव वाले सोमार के जिलाधिकारी से मिल के पानी टंकी ग्राम सभा के दूसरे जमीन पर बनववले के अपील करिहें। भटनी के महुरांव गांव में अमृत पेय योजना के तहत पानी टंकी बने के बा।

अतवार के ठेकेदार चिह्नित जमीन पर खुदाई कइल शुरू कइलें त गाँव वाले विरोध प्रदर्शन करे लगनें। ग्राम प्रधान प्रभुनाथ यादव बतवलें कि बिना प्रधान अउर गाँव वालन के सहमति के हलका लेखपाल खेल के मैदान के पानी टंकी खातिर चिह्नित कs दिहलें। एसडीएम के ओर से मुहर लगला के बाद जल निगम निर्माण करावे पहुंचलें त लोग के एकर जानकारी भइल। ऊ कहनें कि पूरे गांव में बचवन के खेले खातिर इहे एगो खेल मैदान बा। उहवें, शादी विवाह में मांगलिक कार्यक्रम अउर पशुअन के पूजन इहवें होला। अइसे में गांव के बचवे खेले कहवाँ जइहें।

ग्राम प्रधान कहनें कि ग्राम सभा पानी के टंकी खातिर दूसर जमीन उपलब्ध करा रहल बा लेकिन ठेकेदार अउर प्रशासन बेवजह बात के बढ़ा रहल बानें। एसओ संतोष कुमार सिंह बतवलें कि चिह्नित जमीन पs पानी टंकी के निर्माण हो रहल बा। गाँव वालन के समझा-बुझाकर शांत करावल गइल बा। अधिकारियन के निर्देश के अनुसार पुलिस काम करी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]