[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: ओपीडी, आईपीडी, सर्जरी के रैंकिंग में बीआरडी के प्रदेश में दूसरा स्थान, जानीं केके मिलल पहिला रैंक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रदेश के पुरान छह मेडिकल कॉलेज में बीआरडी मेडिकल कॉलेज के स्थिति निम्मन तरीका से सुधरल बा। एह वर्ष सितंबर अउर अक्तूबर में मेडिकल कॉलेज में चिकित्सा इंतजाम के आधार पर बीआरडी के प्रदेश में दूसरा रैंक मिलल बा।

ई रैंकिंग प्रदेश के 6 पुरान मेडिकल कॉलेजन में चिकित्सा इंतजाम के देख के दीहल गइल बा। रैंकिंग शासन करवले बा। एहमें ओपीडी, आईपीडी, सर्जरी अउर मरीजन के अस्पताल से एब्सकांड होखले के आंकड़ा देखल गइल बा।

जानकारी के मुताबिक, दिसंबर में शासन प्रयागराज, गोरखपुर, कानपुर, मेरठ, आगरा अउर झांसी के मेडिकल कॉलेज में मरीजन के इलाज के इंतजाम के रैंकिंग जारी कइल गइल बा। एहमें बीआरडी में दू महीना में औसतन ओपीडी 61,388, आईपीडी 7,055, सर्जरी 1,006 भइल बा। एह दौरान 300 मरीज एब्सकांड भइलें। एहमें बीआरडी के 47 अंक मिलल बा।

सबसे बेहतरीन परफॉर्मेंस प्रयागराज के मोतीलाल नेहरू मेडिकल कॉलेज के बा। एह कॉलेज के 47 अंक मिलला के बादो पहिला रैंक मिलल बा। उहवें, कानपुर स्थित जीएसवीएम मेडिकल कॉलेज के तीसरा, मेरठ स्थित एलएलआरएम मेडिकल कॉलेज के चउथा, आगरा स्थित एसएन मेडिकल कॉलेज के पांचवाँ अउर झांसी स्थित एमएलबी मेडिकल कॉलेज के छठवा रैंक मिलल बा।

प्राचार्य डॉ गणेश कुमार बतवलें कि जुलाई-अगस्त के रैंकिंग में बीआरडी के चउथा स्थान मिलल रहे। एकरे बाद से इलाज व्यवस्था में सुधार कइल गइल, जेकर असर ई भइल कि प्रदेश में एह बेर दूसरा स्थान मिलल बा। लक्ष्य बा कि अगिला बेर प्रदेश में पहिला स्थान मिले। एके ले के डॉक्टरन के निर्देसो दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]