[the_ad_group id="30365"]

Snake in Plane: एयर इंडिया एक्सप्रेस के फ्लाइट के कार्गो होल्ड में मिलल सांप, DGCA करी ममिला के जांच

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सांप के नामे से कइयन लोगन के रौंगटा खड़ा हो जाला।एयरप्लेन में सांप केहू सोचियो नइखे सकत बाकिर एयर इंडिया एक्सप्रेस के हवाई जहाज में सांप मिलला से खलबली मच गइल। दरअसल, एयर इंडिया एक्सप्रेस के एगो हवाई जहाज सनीचर के जब दुबई हवाई अड्डा पर उतरल तs ओकरा कार्गो होल्ड में एगो सांप मिलल। विमानन नियामक डीजीसीए के एगो अधिकारी एकरा बारे में जानकारी देले बाड़े। ऊ बतवलें कि अब एह ममिला में जांच कइल जाई।

मिली जानकारी के मोताबिक, ममिला एयर इंडिया एक्सप्रेस के फ्लाइट संख्या बी 737-800 के हs। ई फ्लाइट केरल के कालीकट से दुबई गइल रहे। हालांकि सांप से यात्रियन के कवनो हानि नइखे भइल। ओह लोगन के सुरक्षित तरीका से विमान से उतार लिहल गइल रहे।  हालांकि विमान में केतना यात्री रहे लोग एकरा बारे में अभी जानकारी नइखे मिल सकल।

नागरिक उड्डयन महानिदेशालय (डीजीसीए) के वरिष्ठ अधिकारी कहलें कि दुबई हवाई अड्डा पर पहुंचला पर विमान के कार्गो होल्ड में एगो सांप मिलल। जवना के बाद हवाई अड्डा के फायर सर्विसेज के कर्मियन के एकरा बारे में सूचित कइल गइल। ऊ कहलें कि पहिला नजर में ई घटना जमीनी स्तर पर भइल चूक हs। एकर जांच कइल जाई आ जरूरी कार्रवाई कइल जाई।

ओइसे, हवाई जहाज में सांप मिले के ई कवनो पहिला घटना ना हs। एकरा पहले एही साल 10 फरवरी के मलेशिया के राजधानी कुआलालंपुर जा रहल एयर एशिया के फ्लाइट उड़ान भर चुकल रहे। यात्री लोगन के बीच सफर में प्लेन के लाइट में कुछ रेंगत नजर आइल रहे। जवना के गौर से देखला पर पता चलल कि फ्लाइट में सांप बा। ओकरा बाद यात्रियन में हड़कंप मच गइल। एकरा अलावहू कइयन बेर विमान में सांप मिलला के घटना आ चुकल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]