Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

हादसा: गोरखपुर में पैडलेगंज चौराहा के लगे निर्माणाधीन नाला के दीवार ढ़हल, तीन गो घायल- एगो के हालत गंभीर

269

गोरखपुर के पैडलेगंज में निर्माणाधीन नाली के दीवार गिरला से तीन लोग घवाहिल हो गइल बाड़े। एहमें से एगो गंभीर रूप से घायल बतावल जात बा। सभे के इलाज खातीर जिला अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा। पैडलेगंज से फिराक गोरखपुर चौराहा ले सड़क चौड़ा करे के काम चल रहल बा।

अबे पिछला महीना अयीसने निर्माण के दौरान निष्पादक एजेंसी के ओर से एगो गड्ढा खोदल गईल रहे। एही बीच पानी के पाइप टूट गईल। एकरा चलते एक हजार घर में पीये के पानी के आपूर्ति के संकट पैदा हो गईल। करीब 24 घंटा बाद पाइप के मरम्मत हो गईल अवुरी सप्लाई शुरू हो गईल।

 

 

756190cookie-checkहादसा: गोरखपुर में पैडलेगंज चौराहा के लगे निर्माणाधीन नाला के दीवार ढ़हल, तीन गो घायल- एगो के हालत गंभीर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.