[the_ad_group id="30365"]

बुलंदशहर में शादी से लवटत घरी कार नहर में गिरल, 3 के मउत आ 3 गो लापता

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जिला में बारात से लवटत इको कार बरखा के चलते नहर में गिर गइल। एह हादसा में तीन लोग के मउत बतावल जात बा जबकि दू लोग घवाहिल होखे के बात कहल जात बा। एह हादसा में अबहीं ले तीन लोग लापता बा। बतावल जाता कि इs दुर्घटना बरखा के चलते भईल अवुरी गाड़ी नहर में गिर गईल। एह हादसा में अबहियो तीन लोग के लापता होखे के खबर बा। लापता लोग के खोजे खातिर बचाव दल के तैनाती कईल गईल बा। दुर्घटना के समय कार में कुल 8 लोग रहले।

बारिश के चलते कार नहर में गिर गईल

दरअसल अतवार के देर रात जिला के जहांगीरापुर थाना क्षेत्र में स्थित कपना नहर में एगो इको कार गिर गईल। ई हादसा बियाह के रस्म से लवटत घरी भइल। दुर्घटना के जानकारी देत ​​मरेवाला के भाई राहुल बतवले कि शेखपुरा से आठ लोग अलीगढ़ पिसावा बियाह समारोह में लवटत रहले। रास्ता में भी बरखा होत रहे, जवना के चलते गाड़ी नहर में गिर गईल। एs दुर्घटना में तीन लोग के मउत हो गईल, जबकि दु लोग गंभीर रूप से घाही हो गईले। अबहियो तीन लोग के लापता होखे के खबर बा।

लापता लोग के खोज जारी बा

दुर्घटना के जानकारी मिलते डीएम, एसएसपी अवुरी बाकी पुलिस अधिकारी भी मौका पs पहुंचले। पुलिस मामिला के छानबीन करतिया। दूसर ओर ए मामिला में राहत अवुरी बचाव के काम खातीर टीम के तैनात कईल गईल बा। पुलिस लाश के पंचनामा पोस्टमार्टम खातीर भेज देले बिया। दुर्घटना के जानकारी मिलला के बाद मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ अधिकारी से मामिला के गंभीरता से लेवे के कहले बाड़े। एकरा संगे मरेवाला के परिवार के लोग के चार-चार लाख रुपिया के मुआवजा के घोषणा कईल गईल बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]