[the_ad_group id="30365"]

लखनऊ में सिलेंडर ब्लास्ट, 5 लोग जिंदा जरल, 4 गंभीर : मरे वाला में मरद-मेहरारू आ 3 गो लईका; धमाका से छत-दीवार ढहल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लखनऊ में मंगर के रात दु मंजिला मकान में शॉर्ट सर्किट से आग लाग गइल। लोग आग बुझावे के कोसिस करत रहे, तबे घर में रखल दुगो सिलेंडर में ब्लास्ट हो गइल। एकरा चपेट में आवे से मरद, मेहरारू आ तीन लईकन के मौत हो गइल। ओहिजा, बचाव में जुटल चार गो आउर लोग झुलस गइल।

धमाका से घर के छत ढह गइल आ देवार टूट गइल। डेढ़ घंटा के मशक्कत के बाद पुलिस आ दमकल कर्मचारी आग पs काबू पवलें। आग में झुलसल लोगन के रेस्क्यू कs के ट्रॉमा सेंटर पहुंचावल गइल। एमे दु के हालत जादे नाजुक बतावल जा रहल बा। घटना काकोरी इलाका के हाता हजरत साहब के हs।

बिल्डिंग में 20 लोग रहत रहे

मकान मुशीर अली (50) के रहे। एमे उनका परिवार आ रिश्तेदारन के मिलाके 20 लोग रहत रहे। घरही में जरदोजी के काम कइल जात रहे। मंगर के रात करीब 11 बजे दूसरका मंजिल पs आग लाग गइल। हादसा में मुशीर, उनकर पत्नी हुस्ना बानो (45), उनकर भतीजी राइया (5) आ दुगो भांजी हिबा (2) आ हुमा (3) जिंदा जर गइल लो।

मुशीर के बेटी इंशा (16) आ लकब (18), बहनोई अजमत (30) आ भतीजी अनम (17) आग में फंसके झुलस गइल। सब घायलन के गंभीर हालत में ट्रॉमा सेंटर में भर्ती करावल लो। दमकल कर्मी करीब डेढ़ घंटा में आग पs काबू पावल गइल।

शॉर्ट सर्किट से आग लगला के बाद भइल विस्फोट

ग्रामीण लोग बतावल कि धमाका के आवाज सुनके बाहर निकलल लो तs देखल मुशीर के घर से आग के लपट निकलत रहे आ लोग चीखत रहे लो। ग्रामीण आग बुझावे के कोसिस के संगे पुलिस आ दमकल के सूचना देलस।

दमकल के सुरुआती जांच में सामने आइल बा कि मुशीर के कमरा में शॉर्ट सर्किट से आग लग गइल। मुशीर परिवार के संगे आग बुझाके बाहर निकाले के प्रयास करत रहे लो कि सिलेंडर ब्लास्ट हो गइल।

चार भाइयन आ एगो बहिन के परिवार एक संगे रहत रहे

मकान में मुशीर के साथ उनके भाई पप्पू, बब्बू और बबली के अलावा बहनोई अजमत का परिवार रहता था। घर में जरदोजी का कारखाना भी लगा है। जिसको सभी मिलकर चलाते थे। चर्चा है कि घर में पटाखों का भी काम होता था, जिसके लिए यहां बारूद रखा था। हालांकि, इस पर अभी कोई आधिकारिक बयान नहीं आया है।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]