[the_ad_group id="30365"]

Delhi Mayor: भाजपा बिगड़लस AAP के खेल, BJP मेयर पद खातिर रेखा गुप्ता के मैदान में उतरलस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Delhi Mayor BJP Candidate: दिल्ली में MCD चुनाव के बाद अब मेयर चुनाव के लेकर सरगर्मी तेज हो गइल बा। भारतीय जनता पार्टी आम आदमी पार्टी के मंसूबन पs पानी फेर देले बिया। मेयर चुनाव में एकतरफा जीत के उम्मीद लगा के  बइठल आप के राह अब आसान ना होई। बीजेपी दिल्ली के महापौर पद खातिर रेखा गुप्ता (Rekha Gupta) के उम्मीदवार बनवले बिया। कमलजीत सहरावत स्थायी समिति खातिर बीजेपी के प्रत्याशी होइहें, तs ओहजा उप महापौर खातिर बीजेपी कमल बागड़ी (Kamal Bagri) को प्रत्याशी घोषित कइले बिया। सोमार के बीजेपी में सामिल भइल निर्दलीय पार्षद गजेंद्र दराल स्थायी समिति खातिर बीजेपी (BJP) के उम्मीदवार होइहें।

बीजेपी के मिलल हार

15 साल से MCD में काबिज बीजेपी के अबकी बेर दिल्ली नगर निगम में आम आदमी पार्टी से हार के सामना करे के पड़ल बा। एकीकरण के बाद पहिला बेर 250 वार्डन में भइल चुनाव में बीजेपी के 104 तs ओहिजा आप के 134 सीटन पs जीत मिलल रहे। कांग्रेस के खाता में महज 9 सीट आइल रहे। हार के बाद बीजेपी मेयर के चुनाव ना लड़े के बात कहले रहे, बाकिर अब बीजेपी आम आदमी पार्टी के खेल बिगाड़त अपना उम्मीदवारन के मैदान में उतार देले बिया।

AAP कइले बा एह नामन के एलान

बता दीं कि आप दिल्ली मेयर पद खातिर ईस्ट पटेल नगर से पार्षद शैली ओबेरॉय के आपन उम्मीदवार घोषित कइलस। डिप्टी मेयर पद खातिर मटिया महल से विधायक शोएब इकबाल के बेटा आ वार्ड नंबर 76 के पार्षद आले मोहम्मद इकबाल के उम्मीदवार बनवले बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]