Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

14 जनवरी के साँझ 4:00 बजे पहुंची विवेकानंद संदेश यात्रा, 15 जनवरी के निकली शोभायात्रा

390

आजादी के 75वें अमृत महोत्सव साल में विवेकानंद केंद्र कन्याकुमारी के 50 वर्ष पूरा होखले के शुभ अवसर पर भारत सरकार के संस्कति मंत्रालय के सौजन्य से, विवेकानंद केंद्र कन्याकुमारी, स्वामी विवेकानंद के लोक खातिर उपयोगी अउर राष्ट्र निर्माण के संदेश जन-जन ले पहुंचवला के उद्देश्य से देशभर के कई राज्य में स्थापित विवेकानंद केंद्र के माध्यम से विवेकानंद संदेश यात्रा निकाल रहल बा। एह यात्रा के मुख्य उद्देश्य देशभर के युवा लोग जागृत कsके भारत के साल 2047 के कालखण्ड ले “एक आत्मनिर्भर विकसित विश्व गुरु राष्ट्र” बनावे के बा।

उक्त जानकारी यात्रा के सह संयोजक अउर विवेकानंद केंद्र कन्याकुमारी शाखा गोरखपुर के सह नगर प्रमुख पवित्र नारायण शुक्ल एगो प्रेस वार्ता के दौरान दिहलें। ऊ बतवलें कि ई संदेश यात्रा 12, जनवरी के लखनऊ से प्रारंभ हो के 12 दिन में, 7 मंडल अउर 21 जिला से हो के 23 जनवरी के लखनऊ में फिर समाप्त होके लखनऊ में समाप्त होई।

14 जनवरी 4:00 बजे ई “संदेश यात्रा” गोरखपुर में प्रवेश करी। गीडा में भव्य स्वागत अउर रात विश्राम के बाद अगिले दिन 15 जनवरी के 7:30 बजे से गायत्री शक्तिपीठ, नेताजी चौक पैडलेगंज, विवेकानंद चौक, स्वामी विवेकानंद विग्रह विश्वविद्यालय परिसर, बिस्मिल चौक, इत्यादि स्थल पर पुष्पांजलि प्राप्त करत, दिग्विजय नाथ महाविद्यालय परिसर पहुंची। इहां पs सुबेरे 8:30 से 10:45 बजे ले आयोजित योग अउर विमर्श कार्यक्रम के आतिथ्य ग्रहण करत पुनः शोभायात्रा के रूप लेई।

यात्रा के मुख्य पड़ाव दिग्विजय नाथ महाविद्यालय, के सौजन्य विवेकानंद केंद्र कन्याकुमारी गोरखपुर द्वारा आयोजित योग सत्र अउर विमर्श कार्यक्रम ह। प्रो.विजय चहल के नेतृत्व में योग अउर प्रो.सुधीर श्रीवास्तव के नेतृत्व में संपन्न होई। विमर्श के विषय बा- ‘शताब्दी लक्ष्यों के प्राप्ति में भारतीय युवाओं की भूमिका।’ कार्यक्रम के अध्यक्ष प्रोफ़ेसर यूपी सिंह जी अउर मुख्य वक्ता प्रांत प्रचारक माननीय सुभाष जी होइहें।

एकरे बाद, 10:45 बजे से जनसंदेश यात्रा शोभा यात्रा के रूप में डॉ.राजेश कुमार गुप्ता के नेतृत्व में एम. पी. बालिका ले पैदल, उनके बाद दुपहिया वाहन के सचल संरक्षण में विश्वविद्यालय चौक, मोहद्दीपुर चौक (होटल रेडिसन के निकट ) अउर गुरुद्वारा मोहद्दीपुर से नगर पडरौना खातिर विदा होई। राह में उपस्थित आम जनता से अपील बा कि मानव श्रृंखला बनाकर अउर पुष्प वर्षा कs के संदेश यात्रा के स्वागत करें।

एह यात्रा के भव्य एवं सफल बनावे खातिर नगर के जनता, नगर शासन-प्रशासन अउर मीडिया के सहयोग अउर सौजन्य सादर अपेक्षित बा। एह संदेश यात्रा के गोरखपुर में सफल बनावे खातिर फिल्म श्री विनोद कुमार सिंह एमडी केआईपीएम गीडा, प्राचार्य डॉक्टर ओ. पी सिंह डीएनडीसी, प्रोफेसर विनोद सोलंकी, प्रो. हर्ष कुमार सिन्हा, हरे कृष्णा सिंह, प्रबंधक सरस्वती सरस्वती विद्या मंदिर, प्रधानाचार्या सुश्री कृषणा चटर्जी,अवधेश सिंह नगर प्रमुख, एनसीसी एनएसएस स्काउट के छात्र-छात्रा, केंद्र के उत्साही कार्यकर्ता लोग के अथक प्रयास रही। नगर के सम्मानित आत्मीयन के प्रतिभाग अउर सहयोग अपेक्षित बा।

434910cookie-check14 जनवरी के साँझ 4:00 बजे पहुंची विवेकानंद संदेश यात्रा, 15 जनवरी के निकली शोभायात्रा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.