[the_ad_group id="30365"]

भोजपुरी साहित्यकार जयशंकर प्रसाद द्विवेदी के मिलल काव्य कौस्तुभ के उपाधि

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हिंदुस्तानी अकादमी से भिखारी ठाकुर सम्मान से सम्मानित भोजपुरी के सुप्रसिद्ध साहित्यकार जयशंकर प्रसाद द्विवेदी के काव्य कौस्तुभ के मानद उपाधि से अलंकृत कइल गइल।

राजस्थान में साहित्य मंडल नाथद्वारा के ओर से आयोजित कइल गइल भगवती प्रसाद देवपुरा स्मृति अउर राष्ट्रीय बाल साहित्य समारोह में उनके ई उपाधि दीहल गइल। सन 1937 में स्थापित एह संस्था के ओर से पहिला बेर भोजपुरी के 4 साहित्यकार लोग के समानित कइल गइल।

साहित्य मंडल के मंच से पहिला बेर भोजपुरी भाषा में संबोधन देहले में जयशंकर प्रसाद द्विवेदी के नाम दर्ज भइल। एकर पुष्टि संस्था के प्रधानमंत्री श्याम प्रसाद देवपुरा अपनिये कइलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]