[the_ad_group id="30365"]

देवरिया में घर के भितरी मुअल मिलनें भाजपा कार्यकर्ता, दरवाजा तूड़ के निकालल गइल शव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देवरिया जनपद के रामपुर कारखाना थाना क्षेत्र के मदरापाली भरथराय गांव में अतवार देर रात पुलिस भाजपा कार्यकर्ता के घर के दरवाजा तूड़ के उनकर शव बरामद कइलें। एह बात के जानकारी होइतही गांव में सनसनी फैल गइल।

थानाक्षेत्र के मदरापाली भरथराय गांव के रहे वाले मुनीब गुप्ता (45) भाजपा के बूथ प्रमुख रहनें। ऊ घर ले अकेल रहत रहनें। उनके पिता ठाकुर प्रसाद गुप्ता, माता अउर पत्नी के पहिलही मौत हो चुकल बा। सनीचर के सुबह गांव के लोग उनके आखिरी बेर गांव में देखले रहे। अतवार देर रात ले दिखाई नाइ देहले पर आसपास के लोग उनकर पता लगावे के कोशिश कइलें।

दरवाजा अंदर से बंद होखले पर खिड़की से झांक के भितरी देखल त मुनीब जमीन पर पड़ल रहनें। लोग शोर मचावल अउर पुलिस के सूचना दीहल। मौका पर पहुंचल पुलिस दरवाजा तूड़ के भितरी देखलस त मुनीब गुप्ता के मौत हो चुकल रहे। पुलिस जरूरी कार्रवाई कइलस।

मुनीब के तीन बेटा अउर एक बेटी बाड़ी। बड़ बेटा बृजेश अउर दूसरे नंबर के बेटा बाहर कमाए गइल बानें। जबकि तीसरे नंबर के बेटा अउर सबसे छोट बेटी अपने रिश्तेदार किहां रहेली। घर पे केहू नाइ रहल। गांव के लोग कुछ समझ नाइ पा रहल बानें कि मुनीब के एह तरह मौत कइसे हो गइल।

एह संबंध में एसओ राजेश पांडेय बतवलें कि मुनीब गुप्ता के घर के दरवाजा तोड़ के उनकर शव बाहर निकालल गइल। जिला अस्पताल भिजवावल गइल। उहां डॉक्टर लोग मुनीब के मृत घोषित कs दिहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]