[the_ad_group id="30365"]

गर्लफ्रेंड खातीर प्रेमी बिछा दिहलस नोट के गड्डी, लोग बोलले- हद हो गईल रईसी के

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

रोज सोशल मीडिया प्लेटफार्म पs कई तरह के वीडियो वायरल हो जाला। कबो ई वीडियो हमनी के कुछ सिखावेला तs कबो ई वीडियो हँसी के कारण बन जाला। हाल ही में सोशल मीडिया प्लेटफार्म इंस्टाग्राम पs अइसने एगो वीडियो बहुत तेजी से वायरल होखे लागल बा। ई वीडियो देख के रउवा आपन माथा पकड़ के सोचे लागब कि का सचमुच अइसन लोग दुनिया में मौजूद हो सकेला। एह वायरल वीडियो में रउआ देख सकेनी कि एगो आदमी इंस्टाग्राम पs अपना धन के बखान करत बा।

ई वायरल वीडियो में का बा? 

ई वायरल वीडियो रउआ @mr.thank.you नाम के इंस्टाग्राम हैंडल पs देख सकेनी। एह वीडियो में रूसी व्यापारी सर्गेई कोसेन्को अपना प्रेमिका के गोड़ के नीचे नोट के गड्डी रखले बाड़े, जब उs हेलीकाप्टर से उतरत रहली। वीडियो शुरू होखते सर्गेई कोसेन्को अपना प्रेमिका के हाथ पकड़ के हेलीकाप्टर से बाहर निकालत देखाई देले। जब उनकर प्रेमिका हेलीकाप्टर से उतरली तs उनका गोड़ के नीचे नोट के गड्डी पड़ल लउकत रहल.

लोग अयीसन टिप्पणी कईले

एह वायरल वीडियो पs लोग कई तरह के कमेंट कइले। एगो यूजर कमेंट कs के लिखले, पईसा के कीमत समझीं, एकर मजाक अईसन मत करीं। एकरा संगे एगो अवुरी यूजर लिखले कि, भले आप बहुत अमीर बानी, बाकिर पईसा के अयीसन व्यवहार कईल ठीक नईखे। एह पइसा से रउरा हजारन गरीब परिवारन के मदद कs सकीलें आ ओह लोग के बढ़िया जिनिगी दे सकीलें.

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]