Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

केक में आग लगाके रणबीर कपूर बोलले ‘जय माता दी’, थाना पहुंचल मामिला

क्रिसमस के दिन सोशल मीडिया पs एगो वीडियो वायरल भईल, जवना में रणबीर कपूर शराब से भरल केक में आग लगावत देखाई देले। उनुका के 'जय माता दी' कहत भी देखल गईल। रणबीर के एह वीडियो के भी खूब आलोचना भईल। अब एह अभिनेता के खिलाफ एगो अधिवक्ता पुलिस शिकायत दर्ज करवले बाड़न। 

844

बॉलीवुड अभिनेता रणबीर कपूर के लेके बड़ी खबर सामने आ रहल बा। क्रिसमस के मउका पs रणबीर कपूर के एगो वीडियो वायरल हो गईल। हर साल के तरह कपूर परिवार क्रिसमस पार्टी के आयोजन कइले रहुवे जवना में पूरा परिवार एके छत के नीचे मजा लेत देखल गइल। ए दौरान रणबीर कपूर शराब से भरल केक में आग लगावत देखाई देले। उनुका के ‘जय माता दी’ कहत भी देखल गईल। रणबीर के एह वीडियो के सोशल मीडिया पs खूब आलोचना भइल। अब एह अभिनेता के खिलाफ एगो अधिवक्ता पुलिस शिकायत दर्ज करवले बाड़न।

का बात बा?

एह वायरल वीडियो के आधार पs अधिवक्ता कहले बाड़े कि जवना तरह से रणबीर शराब से भरल केक में आग लगावत बाड़े अवुरी ‘जय माता दी’ कहतारे, एहसे बहुत लोग के धार्मिक भावना पs चोट पहुंचल बा। अयीसना में अधिवक्ता घाटकोपर थाना मुंबई में शिकायत दर्ज करवले बाड़े। अधिवक्ता अभिनेता के खिलाफ प्राथमिकी दर्ज करावे के मांग भी कईले बाड़े। जवन कि धारा 295ए (जानबूझ के कवनो वर्ग के धार्मिक भावना के अपमान), 298 (जानबूझ के धार्मिक भावना के नाराज करे के मकसद से कवनो शब्द के इस्तेमाल), 500 (मानहानि) अवुरी 34 (सामान्य इरादा के आगे बढ़ावे में) बा।एफआईआर ‘एक्ट कमिटेड’ के तहत दर्ज होखे के चाही कई लोग के ओर से’। हालांकि अबे ले ए बारे में कवनो अपडेट नईखे आईल अवुरी ना पुलिस प्राथमिकी दर्ज कईले बिया।

बता दीं कि कपूर परिवार हर साल क्रिसमस मनावेला।एकरा के धूमधाम से मनावल जाला।अबकी बेर रणबीर के क्रिसमस के अवसर पs रणबीर कपूर आ आलिया भट्ट बेटी राहा कपूर के चेहरा फेस रिवील भइल। मीडिया के आमने आइल। राहा हाल ही में एक साल के हो गईल बाड़ी।

राहा के क्यूटनेस के देख के फैंस चकित रहले। सभे उनकर नील आँख के तारीफ करत रहे। बाकिर रणबीर कपूर रडार पs आ गइलन। अभिनेता के हर एक्शन से प्रशंसक बहुते परेशान बाड़े। बहुत लोग के धार्मिक भावना के चोट पहुंचल बा। हालांकि, अबे ले ना तs रणबीर के ओर से कवनो बयान आईल बा, ना उ माफी मंगले बाड़े।

 

,

698840cookie-checkकेक में आग लगाके रणबीर कपूर बोलले ‘जय माता दी’, थाना पहुंचल मामिला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.