[the_ad_group id="30365"]

हार्ट अटैक से ‘स्टंट मास्टर’ के मउत, 900 से जादा फिल्मन में धांसू स्टंट खातीर रहले मशहूर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

साल 2023 में कई सितारा एह दुनिया के अलविदा कs दिहले। अलग-अलग कारण से लोग आपन जान गंवा देले। एही बीच एगो अवुरी दुखद खबर सोझा आईल बा। फिल्म जगत के दिग्गज स्टंट मास्टर जॉली बस्टियन के मंगल के रात बेंगलुरु में अपना आवास पs निधन हो गइल। उनुका मउत के कारण भी हार्ट अटैक बतावल जाता। बतावल जाता कि स्टंट मास्टर के हार्ट अटैक के चलते घर में मउत हो गईल। उनकर उमिर 57 साल रहे। जॉली 900 से अधिका कन्नड़, तमिल, तेलुगु आ मलयालम फिलिमन में काम कइले रहले आ एह काम से आपन पहचान बनवले रहले।

स्टंट मैन के अईसे बनले

दक्षिणी फिल्म इंडस्ट्री के दिग्गज उनुका निधन पs शोक जतवले बाड़े। केरल के अलेप्पी में जनमल जॉली बास्टियन के परवरिश बेंगलुरु में भइल रहे। उनकर फिल्मी कैरियर के शुरुआत कन्नड़ फिल्म इंडस्ट्री से भइल। बाइक पs स्टंट करत घरी जॉली बस्टियन के मशहूर फिल्म निर्माता आ हीरो वी. रविचंद्रन देखले आ उनुका प्रतिभा से प्रभावित भइले। एकरा बाद ही उ जॉली के काम खातीर ऑफर कईले, जवना के बाद उ स्टंट डबल के काम शुरू कईले। रविचंद्रन के अधिकतर फिलिमन में स्टंट मास्टर के काम कइलन।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]