[the_ad_group id="30365"]

Video: मिजोरम में बड़ हादसा, निर्माणाधीन रेलवे पुल गिरले से 17 मजदूरन के मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

मिजोरम के सैरांग इलाका के लगे एगो निर्माणाधीन रेल पुल गिरला से 17 मजदूरन के मउत हो गइल। आइजोल से करीब 21 किलोमीटर दूर बुधवार के सबेरे दस बजे के करीब दुर्घटना भईल। पुलिस के मुताबिक 17 लोग के लाश बरामद हो चुकल बा, जबकि बाकी लोग के तलाश जारी बा। अबे ले कवनो जानकारी सोझा नईखे आईल कि दुर्घटना के कारण का बा।

सीएम दुख जतवले

मिजोरम के मुख्यमंत्री ज़ोरमथांगा ए दुर्घटना पs दुख जतवले अवुरी ट्वीट कईले कि, “आइजोल के नजदीक सैरांग में बनत रेलवे ओवर ब्रिज आजु गिर गईल। 17 मजदूर के जान चल गईल। बचाव अभियान चलता। बहुत दुखी अवुरी ए त्रासदी से प्रभावित बानी।” सभे शोक संतप्त परिवार के संगे घायल लोग के जल्दी ठीक होखे के कामना करतानी।उ कहले कि, हम ओ लोग के आभार व्यक्त करतानी, जवन कि बचाव अभियान में मदद खातीर भारी संख्या में आगे आईल बाड़े।

मलबे से 17 लाश निकालल गइल

एकरा संगे ए दुर्घटना पs पुलिस कहलस कि मौका पs अवुरी बहुत लोग के फंसला के संभावना बा। आइजोल से करीब 21 किलोमीटर दूर सुबह 10 बजे के करीब घटना के समय करीब 35-40 मजदूर मौजूद रहले। उ कहले कि, “अबे ले मलबा से 17 लाश बरामद हो चुकल बा। अवुरी बहुत अबे ले लापता बा।”

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]