[the_ad_group id="30365"]

लैंडस्लाइड: शिमला में लैंडस्लाइड से मंदिर ढहल, 5 के मउत आ 25 से जादा लोग दबले

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

हिमाचल के राजधानी शिमला में सोमार के सबेरे एगो बड़हन हादसा हो गइल. इहाँ के समरहिल इलाका में स्थित शिव बावड़ी मंदिर में भारी बरखा के चलते भूस्खलन हो गईल। इहाँ मौजूद 25 से जादा लोग मलबा के नीचे दफन हो गईले। अबे ले 2 बच्चा समेत 5 लाश बरामद हो चुकल बा। बाकी के खोज जारी बा।

इ मंदिर शिमला के उपनगर बालूगंज इलाका में बा। सावन सोमवार के चलते मंदिर में सबेरे से भीड़ लागल रहे। कई परिवार दर्शन खातीर गईल रहले।

पहाड़ी से अबहियों पत्थर गिर रहल बा। मलबा के संगे मंदिर के ऊपर चार से पांच पेड़ गिर गईल। एकरा से जादे नुकसान भईल बा। SDRF, ITBP, पुलिस अवुरी स्थानीय लोग रेस्क्यू में लागल बाड़े। जेसीबी मशीन से मलबा निकालल जा रहल बा।

अबे लोग मलबा के नीचे दब गईल बाड़े, फोन कs के मदद के गुहार करतारे।

•मंदिर के मलबा में एगो आदमी अपना रिश्तेदार के फोन क के जल्दी बचाव के गुहार लगवलस। दूसर ओर पीड़िता के रिश्तेदार किशोर ठाकुर के कहनाम बा कि, उनुकर भतीजा भी भीतर दफन बा। मंदिर में 6 से 7 लोग खीर बना रहे थे। उ फोन क के बतवले कि उ सुरक्षित बाड़े, लेकिन पता नईखे कि उ अभी कहाँ बाड़े। मंदिर में हर सोमार के खीर बनावल जाला। ई लोग खीर बनावे आइल रहे।

• घर में चीज भूलला से जान बचल : शिव मंदिर में खीर बनावे वाला नरेश बतवले कि जब उ सबेरे मंदिर में अईले त इहाँ सब ठीक रहे। घर में कुछ बात भुला गईले। त मंदिर से वापस घरे चल गइनी। घर से फेरु मंदिर पहुंचते ही भूस्खलन शुरू हो गईल रहे अवुरी उनुका आंख के सोझा इ तबाही के नजारा देखाई देलस। उ बतवले कि दुर्घटना के समय मंदिर में दुगो बढ़ई, एगो नेपाली अवुरी कुछ लोग मौजूद रहले। स्थानीय लोग ओही समय मलबा से नेपाली के हटा दिहले। लेकिन मंदिर के भीतर कुछ लोग फंसल बाड़े।

सीएम सुखविंदर सिंह मौका पs पहुंचले

सीएम सुखविंदर सिंह सुखू मौका पs पहुंचे। उ बतवले कि स्थानीय प्रशासन मलबा साफ करे में लागल बा। फंसल लोग के बाहर निकालल जा रहल बा। दूसर ओर सीएम के मीडिया सलाहकार नरेश चौहान कहले कि, 10 से 15 लोग के फंसला के आशंका बा।

सोलन में बादल फटल, 7 लोग के मउत, 3 लोग लापता

पिछला 55 घंटा से हिमाचल में भारी बरखा हो रहल बा। सोलन में सोमवार के सबेरे बादल फटला से एकही परिवार के 7 लोग के मउत हो गईल। देर रात के एह घटना में जादोन गाँव में दू गो घर बह गइल जवना में 3 लोग के लापता होखे के भी खबर बा।

भारी बरखा के चलते हिमाचल प्रदेश के मंडी जिला के बल्ह घाटी में बाढ़ जईसन स्थिति बनल बा। ब्यास नदी उफान पे बा। अधिकारी के मुताबिक इहाँ बहुत पर्यटक फंसल बाड़े। पिछला दू दिन में राज्य में 30 से अधिका घर पूरा तरह से क्षतिग्रस्त हो गइल बा आ 180 घर के आंशिक नुकसान भइल बा। ए दौरान करीब 140 गौशाला, दोकान अवुरी घाट के भी नुकसान पहुंचल बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]