[the_ad_group id="30365"]

बोधगया के महाबोधि मंदिर में फायरिंग, पुलिसकर्मी के मउत; धर्मस्थल में प्रवेश बंद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

गोली के आवाज से बियफे के दुपहरिया में विश्वप्रसिद्ध महाबोधी मंदिर परिसर में दहशत मच गइल। देशी-विदेशी पर्यटकन से भरल बोध गया के महाबोधी मंदिर में भइल गोलीबारी में एगो पुलिसकर्मी के मउत हो गइल बा। धर्मस्थल खाली करत घरी प्रवेश पs रोक लगा दिहल गइल बा। पुलिस बल के भारी संख्या में तैनाती कईल गईल बा। मंदिर परिसर से लेके आसपास के सभ इलाका तक सीसीटीवी फुटेज के जांच कईल जाता। तीन गो गोली पीठ पीछे चलल

बैक टू बैक चलल तीन गो गोली 

जानकारी के मुताबिक बीएसएपी के जवान सत्येन्द्र यादव (43 साल) शुक्रवार के दुपहरिया में ड्यूटी पs जात रहले। जवना सड़क से उ जात रहले उ पत्थर फिसलन वाला रहे। एकरा चलते उनुकर गोड़ फिसल गईल अवुरी हाथ में राखल हथियार से तीन गोली पीठ पीछे चल गईल। गोली लगते ही सत्येन्द्र बेहोश होके जमीन पs गिर गईले। घटना के बाद इलाका में हलचल मच गईल। आसपास लोग के भीड़ रहे। इहाँ सूचना मिलते पुलिस टीम मउका पs पहुंचल अवुरी हड़बड़ा के घाही जवान के अस्पताल ले गईल। इहाँ डाक्टर साहेब ओकरा के मरल घोषित क दिहले। रेंज डीआईजी के कहल बा कि ई एगो दुर्घटना ह।

जवान सत्येन्द्र यादव के कार्बाइन से भइल 

ओहिजा के आसपास कवनो सीसीटीवी नइखे। बैलेस्टिक एक्सपर्ट आके ओहिजा जांच करीहें, तब साफ हो जाई कि असल में का बात बा? उ बतवले कि मउका से कई गो ठगी भी बरामद भईल बा। जांच चल रहल बा।

 

 

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]