Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

उपराष्ट्रपति चुनाव : उपराष्ट्रपति चुनाव खातिर मतदान शुरू, पीएम मोदी सबसे पहिले डरलें वोट

774

संसद के दूनों सदन के सदस्य आजु के देश के अगिले उपराष्ट्रपति के चुनाव करिहें। एह पद खातिर  राजग उम्मीदवार जगदीप धनखड़ अउरी विपक्ष के उम्मीदवार मार्गरेट अल्वा के बीच मुकाबला बा। दूनों सदन में राजग के मजबूत स्थिति के देखत धनखड़ के जीतल महज औपचारिकता मानल जा रहल बा।

उपराष्ट्रपति चुनाव के लिए मतदान शुरू हो चुकल बा। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी सबसे पहिले संसद परिसर में पहुंचकर मतदान कइलें।

धनखड़ बनाम अल्वा

बात दूनों उम्मीदवार कइल जाए त 71वर्षीय धनखड़ भाजपा नेता रहल बानें अउरी राजस्थान के जाट समुदाय से आवेने। उप राष्ट्रपति उम्मीदवार बनावल गइले से पहिले तक ऊ पश्चिम बंगाल के राज्यपाल रहलें। उहवें, विपक्षी के उम्मीदवार 80 वर्षीय मार्गरेट अल्वा कर्नाटक से आवेने अउरी कांग्रेस के वरिष्ठ नेता रहल बाड़ी। मौजूदा उपराष्ट्रपति एम वेंकैया नायडू के कार्यकाल 10 अगस्त के खत्म हो रहल बा।

संसद के दूनों सदन में कुल 788 सदस्य

संसद के दूनों सदन में कुल मिलाके 788 सदस्य बानें। राज्यसभा में अभिन 8 सीट खाली बा। हर सदस्य के वोट के मूल्य एक बा। यानी 780 वोट में से जेके भी 391 वोट मिली ऊ जीत जाई। लोकसभा में भाजपा के पास 303 सदस्य बानें जबकि राज्यसभा में उसके सदस्य के संख्या 91 है। एकर अर्थ बा कि भाजपा बिना कौनो अन्य दल के मदद के अपने उम्मीदवार के जितवलें में सक्षम बा। एहमें मनोनीत सदस्य भी वोट डालेने।
306080cookie-checkउपराष्ट्रपति चुनाव : उपराष्ट्रपति चुनाव खातिर मतदान शुरू, पीएम मोदी सबसे पहिले डरलें वोट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.