[the_ad_group id="30365"]

सोनिया-राहुल खातिर 8 साल में पहिला बेर कांग्रेसी एकजुट:केंद्र के खिलाफ गहलोत-पायलट, बघेल-सिंहदेव गुटबाजी छोड़ संगे दिखले; आगे का होई रणनीति

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नेशनल हेराल्ड मामले में प्रवर्तन निदेशालय (ED) कांग्रेस नेता लोग के खिलाफ कानूनी शिकंजा कसल शुरू क देहले बा। राहुल गांधी अउरी सोनिया गांधी से ED के ओर से घंटों पूछताछ कइल जा चुकल बा। एकरे काउंटर में कांग्रेस केंद्र सरकार के खिलाफ लमहर लड़ाई लड़ले के तैयारी में बा।

शुक्रवार के दिल्ली में महंगाई के विरोध में निकालल गइल प्रोटेस्ट मार्च के बाद हर राज्य में एह तरह के प्रदर्शन कइले के रणनीति बनावल जा रहल बा, ताकि जनता के बीच में महंगाई, बेरोजगारी, गरीबी अउरी भ्रष्टाचार के बड़ मुद्दा बनावल जा सके।

कांग्रेस एही महीना 9 से 15 अगस्त के बीच पद यात्रा निकाले जा रहल बा। हर जिला में कांग्रेसी 75 किलोमीटर के पैदल यात्रा निकलिहें। डेढ़ महीने बाद कांग्रेस नेता लोग के ओर से 2 अक्टूबर से भारत जोड़ो पद यात्रा देश भर में निकालल जाई। एकरे जरिए भी महंगाई, बेरोजगारी के मुद्दा पर केंद्र सरकार के घेरले के कोशिश होई।

2024 ले कांग्रेस के ओर से लगातार एक के बाद एक प्रोग्राम तय कइल जाई, जेसे सरकार के खिलाफ माहौल बनवले में आसानी हो सकी। एह खातिर राजस्थान के CM अशोक गहलोत, छत्तीसगढ़ के CM भूपेश बघेल सहित देशभर के बड़ कांग्रेसी नेता लोग के मैदान में उतारल जा रहल बा।

पहिला बे8 साल सत्ता से बाहर कांग्रेस, अब सड़क पर संघर्ष

देश के आजादी के बाद पहिला बेर कांग्रेस आठ साल से अधिक समय से सत्ता से बाहर बा। कांग्रेस एक मजबूत विपक्ष के तौर पर भी आपन पहचान नाइ बना पवले बा। एक के बाद एक राज्य कांग्रेस हारत जा रहल बा। ऊ केवल राजस्थान अउरी छत्तीसगढ़ ले सिमट गईल बा। जबकि झारखंड अउरी तमिलनाडु में गठबंधन सरकार में शामिल बा। तमाम युवा अउरी जनाधार वाले नेता पार्टी के दामन छोड़ रहल बानें, जेकरे चलते कांग्रेस मुश्किल दौर से गुजर रहल बा।

एह बीच कांग्रेस अध्यक्ष सोनिया गांधी अउरी उनके बेटे राहुल गांधी पर नेशनल हेराल्ड मामले में भ्रष्टाचार के आरोप लागल बा। जेकर जांच ED क रहल बा। एहसे देश में सियासी माहौल गरमाइल बा। राहुल अउरी सोनिया के बचाव खातिर पहिला बेर कांग्रेस के नेता से लेकर कार्यकर्ता ले सड़क पर उतरलें। कांग्रेस दिग्गज दिल्ली में डेरा डरले रखलें। ओही कड़ी के आगे बढ़ावत शुक्रवार के महंगाई के मुद्दा पर कांग्रेस नेता देशभर में सड़क पर नजर अइले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]