[the_ad_group id="30365"]

Uday Pratap Singh: कुंडा विधायक राजा भैया के पिता हाउस अरेस्ट,  दु दिन से बइठल रहले धरना पs

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कुंडा तहसील में दु दिन से धरना पs बइठल कुंडा विधायक राजा भैया के पिता उदय प्रताप सिंह के पुलिस सुक के हाउस अरेस्ट कs लेलस। ऊ शेखपुर आशिक गांव में बनल मस्जिदनुमा गेट के हटवावे के मांग पर अड़ल बाड़े। बतावल जा रहल बा कि राजा उदय प्रताप सबेरे नहाये आ पूजा करे खातिर भदरी हाउस गइल रचले। एही दौरान मौका पाके

प्रशासन उनका के  हाउस अरेस्ट कs लेलस। एकर जानकारी होखते बड़ संख्या में लोग भदरी हाउस पहुंच गइल बा। मौका पs भारी पुलिस बल तैनात कइल गइल बा।

कुंडा तहसील में धरना पs बइठल रहले उदय प्रताप

बता दीं कि कुंडा के शेेखपुर आशिक गांव में मोहर्रम के लेके बनावल गइल गेट के हटावे के मांग के लेके पूर्व मंत्री आ कुंडा विधायक राजा भैया के पिता उदय प्रताप सिंह बुध से कुंडा तहसील में धरना पs बइठल रहस। बुध रात में डीएम-एसपी उनका के मनावे पहुंचल रहे लो। साथे बइठ के भोजन कइल लो बाकिर ऊ धरना खत्म करे खातिर तइयार ना भइले।

राजा भैया के दुनु बेटा धरनास्थल पs पहुंच गइल

कुंडा के शेखपुर आशिक गांव में मोहर्रम को लेके सड़क पs एगो मस्जिदनुमा गेट बनावल गइल रहे। एकरा के हटवावे खातिर भदरी किला निवासी उदय प्रताप सिंह बुध के तहसील में धरना पs बइठ गइले। एकर जानकारी होखला पs एसडीएम, सीओ आ बाद में दु बेर एडिशनल एसपी उनका के मनावे पहुंचल लो बाकिर ऊ तइयार ना भइले। ओने, शेखपुर में पीएसी के संगे पुलिस मार्च करत रहल। तहसील में उदय प्रताप के समर्थकन के संख्या बढ़त चल गइल। राजा भैया के दुनो बेटा बृजराज सिंह आ शिवराज सिंह धरनास्थल पs पहुंच गइल लो।

धरनास्थल पs हनुमान चालीसा के पाठ

रात करीब साढ़े दस बजे जिलाधिकारी डॉ. नितिन बंसल आ एसपी सतपाल अंतिल उनका के मनावे पहुंचल लो। दुनों अधिकारी धरनास्थल पs उनका लगे जाके बइठ गइल लो आ उनका संगे खाना खाइल लो। अफसर लोग जब धरना खत्म करे के बात कहल लो तs उदय प्रताप गेट हटवावे के जिद पs अड़ गइल। अधिकारियन के असमर्थता जाहिर कइला पs उदय प्रताप उनका के सॉरी बोलके उहां से जाए खातिर कह देले। डीएम-एसपी रात करीब डेढ़ बजे तक एसडीएम कार्यालय में बइठल रहे लो एकरा बाद मुख्यालय लौट आइल लो। रात में धरनास्थल पs हनुमान चालीसा के पाठ आ सबेरे संकीर्तन चलत रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]