[the_ad_group id="30365"]

दीनदयाल उपाध्याय के जन्मजयंती पर आयोजित होखे वाला सेमिनार के कुलपति लेहलें जायजा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के कुलपति प्रोफेसर राजेश सिंह आजु पंडित दीनदयाल उपाध्याय जी के जन्म जयंती पs आयोजित होखे वाले अंतरराष्ट्रीय सेमिनार के तैयारी के जायजा लिहलें।

विश्वविद्यालय अपने ब्रांड एंबेसडर पंडित दीनदयाल उपाध्याय के 106वीं जयंती पs तीन दिवसीय (24 से 26 सिंतबर तक) अंतरराष्ट्रीय सेमिनार “राष्ट्रीय चेतना उत्सव” आयोजित करे जा रहल बा।

कुलपति सेमिनार के मुख्य आयोजन स्थल दीक्षा भवन के निरीक्षण कइलें अउरी उनकर साफ-सफाई अउरी मरम्मत खातिर अधिकारियन के आदेशित कइलें। कुलपति कुलाधिपति वाटिका के भी निरीक्षण कइलें अउरी उनकर साफ-सफाई अउरी सुंदरीकरण के आदेश दिहल गइल।

एह अवसर पर कुलपति सब संकायाध्यक्ष, विभागाध्यक्ष अउरी छात्रावास के वार्डन से कहलें कि सब संकाय, विभाग अउरी छात्रावास के साफ-सफाई अउरी आवश्यक सुविधा सुनिश्चित कइल जाव।

बता देईं कि दीनदयाल उपाध्याय जी के जन्म जयंती पs आयोजित होखे वाला अंतरराष्ट्रीय सेमिनार पांच सेक्टर पs आधारित होई। हर सेक्टर में पांच से छह सत्र होई। सेमिनार के यादगार बनावे के नजरिया से पंडित दीनदयाल उपाध्याय के समर्पित छायाचित्र प्रदर्शनी के संगे सेमिनार के एब्सट्रैक्ट के भी प्रदर्शनी लगावल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]